Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Income tax ; इनकम टैक्स से बचे के बा तs अपनाइ इs टिप्स, बचाई आपन फरवरी मार्च के सैलरी

1,021

Tax saving ideas : वित्त वर्ष २०२३ -२४ खत्म होखे वाला बा, अइसे में जदी रउवा अभी ले tax saving के लेइके कवनो फाइनेंशियल प्लानिंग नइखी कइले तs जलदिए शुरू कर दी काहे की बहुते कम समय रह गइल बा।

मौजूदा वित्त वर्ष ओराए में बहूते कम समय रह गइल बा ,ज्यादा टैक्स पेयर अभिए से आपन प्लानिंग में जुट गइल बाड़न। जदी रउवा अभी ले टैक्स सेविंग के लेइके प्लानिंग नइखी कइले आ सोचत बानी की राउर गाढ़ कमाई कहा आ कइसे लगाई की कमाई बच सके तs इ रिपोर्ट रउवा खातिर बा। हम रउवा के टैक्स बचावे के लिहाज से बेहतरीन मौजूदा ऑप्शन के जानकारी देम ।

 

ध्यान रहे की टैक्स सेविंग खातिर समय से पहिले निवेश करे के होला आ ओकरा बाद आयकर विभाग के निवेश से जुड़ल दस्तावेज़ ( investment proof ) प्रूफ के तौर पs देवे के होला । रउवा 31 मार्च 2024 तक ले कवनो स्कीम में निवेश कइके आईटीआर ( ITR ) के बेरी डिडक्शन क्लेम कर सकत बानी । एकरा खातिर रउवा तमाम सरकारी सेविंग स्कीम ( government saving scheme ) में निवेश करs सकतs बानी।

स्कीम में टैक्स सेविंग के संगे शानदार रिटर्नो मिल जाला।

 

एकरा खातिर कय गो ऑप्शन बा जइसे:

NSC

• सुकन्या समृद्धि योजना

• PPF

• NPS

 

सबसे पहिला विकल्प रखी PPF (public private fund)

PPF एगो लॉन्ग टर्म निवेश विकल्प बा। भारत में सबसे अधिक टैक्स सेविंग स्कीम के रूप में लोकप्रिय बा। PPF पS फिलहाल 7.1 फीसदी के दर से ब्याज मिल रहल बा। एह स्कीम में रउवा निवेश कर सकत बानी। इनकम टैक्स एक्ट के सेक्शन 80C के तहत रउवा सालाना 1.5 लाख रुपया के निवेश पs टैक्स से छूट पा सकतs बानी । PPF निवेश पS सरकार गारंटी देवे ले एह से एह में रोपया डूबे के कवनो सम्भावने ना रहेला। रउवा के बता दी की PPF में पइसा 15 साल खातिर लॉकइन रहेला।

 

दोसर बढ़िया विकल्प बा NPS (national pension system)

नेशनल पेंशन सिस्टम (NPS) एगो सरकारी रिटायरमेंट सेविंग स्कीम हs । एकरो मे निवेश पs इनकम टैक्स एक्ट के सेक्शन 80C तहत टैक्स छूट मिल सकतs बा एहमें सालाना 1.5 लाख आ धारा 80CCD (1B) के तहत अतिरिक्त 50 हजार रोपया के निवेश कर सकतs बानी । NPS में निवेश कई के रउवा आयकर (Income Tax) कुल 2 लाख रोपया के कुल छूट के फायदा ले सकतs बानी । सरकारो NPS के बढ़ावा दे रहलऽ बिया। रउवा 1000 रुपये महीना से निवेश के शुरुआत कर सकत बानी । कवनो भारतीय नागरिक जेकर उमिर 18 से 65 साल के बीच बा ,एह स्कीम में खाता खुलवा सकतs बाड़े। कवनो बैंक में NPS Account खुलवा सकतs बाड़े।

 

तीसर विकल्प – SSY Scheme

सरकार द्वारा खासतौर पs बेटियन खातिर संचालित कइलऽ जाऽ रहल स्माल सेविंग स्कीम सुकन्या समृद्धि योजना में निवेश कई के रउवा आपन ताज बचा सकत बानी । रउवा आपन 10 साल से कम उमिर के बेटी के नाम पs सुकन्या समृद्धि योजना (SSY) में खाता खोलवाई के टैक्स सेविंग (Tax Saving) कर सकतs बानी । एह स्कीम में अधिकतम 1.5 लाख रोपया सालाना जमा कई के इनकम टैक्स के छूट लेवलऽ जा सकत बा । हाले मे सरकार ब्याज दर में संशोधन करतऽ सुकन्या समृद्धि योजना पs मिले वाला ब्याज के 8.2 फीसदी कर देले बिया ।माने टैक्स छूट के संगे रउवा के जोरदार रिटर्न मिल सकतs बा।

 

चउथा विकल्प SCSS 

Tax Saving खातिर अगिला विकल्प बाटे सीनियर सिटीजन सेविंग स्कीम (SCSS), इहो एगो लोकप्रिय सेविंग स्कीम बाटे। एह स्कीम में निवेश करे खातिर रउवा बैंक चाहे पोस्ट ऑफिस में आपन अकाउंट खोलSवा सकतS बानी । एहमे कइलS गइलS निवेश से रउवा अकाउंट में जमा रकम पS 80C के तहत इनकम टैक्स के छूट प्राप्त कर सकतS बानी । एहमें अधिकतम सालाना 1.5 लाख रोपया निवेश कर सकत बानी । सुकन्या समृद्धि के लेखा ही सरकार एकरो ब्याज दर में बदलाव कइले बीया आ एकरा के बढ़ाई के 8.2 फीसदी कर देलेे बीया ।

 

पांचवां विकल्प – ELSS

इक्विटी लिंक्ड सेविंग स्कीम (ELSS) एक प्रकार के इक्विटी फंड हs आ इ एकमात्र म्यूचुअल फंड (Mutual Fund) हs, जेकरा में आयकर अधिनियम के धारा 80C के तहत 1.5 लाख रोपया तक के टैक्स छूट मिल सकत बा । ELSS में सालाना 1 लाख रुपये तक के रिटर्न/लाभ पs टैक्स ना लागेला । ELSS में 3 साल e सबसे छोट लॉक-इन अवधि होला जवन कि सभ टैक्स बचाए वाला निवेश विकल्पन में से बेहतर बाटे । एकरा अलावा रउवा Tax Saving FD आ यूनिट लिंक्ड इंश्योरेंस प्लान (ULIP) खरीद के टैक्स बचा सकतS बानी।

 

 

 

741230cookie-checkIncome tax ; इनकम टैक्स से बचे के बा तs अपनाइ इs टिप्स, बचाई आपन फरवरी मार्च के सैलरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.