Bihar: चेकिंग के नांव पऽ पुलिसवाला फोड़ देलस वकील के आंख

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

बिहार के मुजफ्फरपुर में चेकिंग के दौरान पुलिसकर्मी के गलती के चलते एगो वकील के एक आंख के रोशनी खतम हो गइल। एकरा संगे-संगे एह मामला में राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग बिहार सरकार के मुख्य सचिव

Share

बिहार के मुजफ्फरपुर में चेकिंग के दौरान पुलिसकर्मी के गलती के चलते एगो वकील के एक आंख के रोशनी खतम हो गइल। एकरा संगे-संगे एह मामला में राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग बिहार सरकार के मुख्य सचिव के पीड़ित अधिवक्ता के 25 हजार रुपया के मुआवजा देवे के आदेश देले बा। बता दीं कि जिला के काजीमोहम्मदपुर थाना क्षेत्र के माड़ीपुर पावर हाउस चौक पs गाड़ी जांच के दौरान सिपाही गन्नीपुर निवासी वकील पंकज कुमार के पिटाई कइले रहले। गाड़ी के खिड़की के पर्दा से टकराए वाला लाठी के चलते शीशा टूट के ड्राइविंग सीट पs बइठल पंकज कुमार के आंख में घुस गइल अउरी उनका एक आंख के रोशनी चल गइल।

बता दीं कि 7 फरवरी 2024 के अधिवक्ता पंकज कुमार रात के करीब 11:40 बजे पटना से अपना आवास गन्नीपुर लवटत रहले। एह दौरान पावर हाउस चौक पs पहिले से मौजूद काजीमोहम्मदपुर थाना के पुलिसकर्मी गाड़ी के जाँच करत रहले। एही बीच पुलिसकर्मी उनकर गाड़ी रोक के पूछले कि उऽ कहां से आवत बाड़े? एह पर वकील साहब के कुछ कहे से पहिले पुलिस अधिकारी उनका के गारी देत पुलिस वाला के मारे के कहले जवना के बाद एगो पुलिसकर्मी अधिवक्ता पंकज कुमार के गाड़ी के लाठी से  मार दिहलस आ शीशा उनका आँख में चल गइल। घटना के बाद आरोपी पुलिसकर्मी वकील के मदद करे के बजाय भाग गइले। उनका संगे भइल घटना के बारे में कवनो तरीका से उऽ अपना परिवार के जानकारी देले। जेकरा बाद उनका के इलाज खातिर शंकर नेथरलाय कोलकाता ले जाइल गइल। जहां इलाज के दौरान उनकर आंख के रोशनी खतम हो गइल।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.