Gorakhpur News: दु लोगन के कार से रौंदलस, हो गईल मउत- फेर खुदे लगा लिहलस फांसी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2024

  पांच महीना पहिले नकहा पुल के लगे गाड़ी से दु लोग के कुचल देवे वाला सूर्य प्रताप सिंह सोमार के सबेरे-सबेरे आत्महत्या कs लेले। सबेरे अचानक बाप के नींद खुलल तs देखले कि आपन

Share

फांसी : फोटो

 

पांच महीना पहिले नकहा पुल के लगे गाड़ी से दु लोग के कुचल देवे वाला सूर्य प्रताप सिंह सोमार के सबेरे-सबेरे आत्महत्या कs लेले। सबेरे अचानक बाप के नींद खुलल तs देखले कि आपन बेटा फांसी से लटकल बा। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। देर सांझ के शव घरे पहुंचल। परिवार के लोग के मुताबिक अंतिम संस्कार मंगल के होई।

गोरखनाथ इलाका के विनायकपुरम कालोनी में रहे वाला रिटायर्ड इंस्पेक्टर विजय प्रताप सिंह के 36 बरीस के बेटा सूर्य प्रताप सिंह सोमार के सबेरे अपना कमरा में लटकल मिलल. पुलिस के मुताबिक अतवार के सांझ के सूर्य प्रताप के पत्नी से कवनो मुद्दा पs विवाद भईल अवुरी उ दोसरा कमरा में सुत गईले। सोमार के सबेरे फांसी देख के पिता पड़ोसी के बोलवले।

बाप, मरेवाला के पत्नी अवुरी पड़ोसी मिल के सूर्य प्रताप के नीचे उतार के जिला अस्पताल ले गईले। एसपी सिटी अभिनव त्यागी कहले कि एs मामला में अबे ले कवनो शिकायत नईखे आईल। युवक के आत्महत्या के कारण परिवार के लोग अवसाद के बतावत बाड़े।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.