पारिवारिक विवाद में ससुर कइले पतोह के ह्त्या

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2022

सारण(दरियापुर): जिला के दरियापुर थाना क्षेत्र के सेमरहियां गांव में एगो विवाहिता के ससुर के हाथे गर दबा के ह्त्या करे के ममिला अंजोर में आइल बा। जानकारी के मोताबिक अकबरपूर गांव के रहनिहार शत्रुध्न

Share

सारण(दरियापुर): जिला के दरियापुर थाना क्षेत्र के सेमरहियां गांव में एगो विवाहिता के ससुर के हाथे गर दबा के ह्त्या करे के ममिला अंजोर में आइल बा। जानकारी के मोताबिक अकबरपूर गांव के रहनिहार शत्रुध्न साह के लईकी 28 बरिस के गुड़िया देवी के बियाह सेमरहियां के तेतर साह के लईका जय प्रकाश से 10 साल पहिले भइल रहे। एह दुनु के तीन गो लईको बा। सबकुछ ठीक चलत रहे बाकिर एने कुछ दिन से पारिवारिक विवाद बढ़ गइल रहे। जवना कारणे ससुर तेतर साह गुड़िया के गर दबा के ह्त्या कs देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.