छपरा में प्रेमिका ठुकरलस शादी के प्रपोजल तऽ प्रेमी लगा लेलस फांसी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

छपरा। कहल जाला कि प्रेम आन्हर होला, प्रेम में पागल प्रेमी के कुछुओ ना बुझाला। प्यार में पागल प्रेमी मरे आ जान तक के बलिदान देवे खाती तैयार रहेले। एही तरह के मामला सारण में

Share

छपरा। कहल जाला कि प्रेम आन्हर होला, प्रेम में पागल प्रेमी के कुछुओ ना बुझाला। प्यार में पागल प्रेमी मरे आ जान तक के बलिदान देवे खाती तैयार रहेले। एही तरह के मामला सारण में देखल गइल बा, जहां प्रेमिका के बियाह करे से मना कइला के बाद प्रेमी फांसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस।

मंगर के सबेरे मशरक के पचखंडा गांव में प्रेमि अपना प्रेमिका के लगे बियाह के प्रस्ताव रखलस तऽ प्रेमिका ठुकरा देलस ओकरा बाद प्रेमी फाँसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस आ प्रेमिका ओकरा के खारिज कऽ देलस। परिवार के लोग प्रेमी के बेहोश हालत में उतरले आ अउरी पुलिस के सूचना देले। पुलिस 112 के टीम मौका प पहुंच के बेहोश हालत में इलाज खातिर सीएचसी मशरक में भर्ती करवलस। युवक पचखंडा गांव निवासी स्वर्गीय राजकुमार शर्मा के 23 साल के बेटा अजय शर्मा हऽ। लकड़ी के फर्नीचर बनावे में के काम करेला।

भाई ओम प्रकाश शर्मा बतवले कि घर के बगल में खेत में घास के सफाई चलत रहे कि पड़ोसी चिला के बतवले कि तोहार भाई दरवाजा में ताला लगा के लटकल बा उऽ मौका पऽ पहुंच के पुलिस के मौजूदगी में सीएचसी मशरक ले आईल। बतावल जाता कि युवक एगो लईकी के संगे प्रेम-प्रसंग करत रहे आ जब ओकर बियाह के प्रस्ताव खारिज हो गइल तऽ उऽ फांसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.