[the_ad_group id="30365"]

काम आ तनाव से नींद नइखे आवत तs सुते से पहिले करीं इ ३ आसन, ७ घंटा के आइ अच्छा नींद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Yoga For Sound Sleep : अनिद्रा एगो अयीसन बेमारी ह जवना से हर साल लगभग एक करोड़ लोग पीड़ित होखेले। हमनी के कबो पता ना चलेला कि इ कब हमनी के जीवन के हिस्सा बन जाला। आ अचरज के बात ई बा कि एकर कवनो इलाज नइखे। दवाई खइला से एकरा के कम कइल जा सकेला बाकिर खतम ना कइल जा सकेला। इ एगो नींद के विकार ह जवन लोग के लगातार प्रभावित कर रहल बा। अंगरेजी में एकरा के इनसोम्निया कहल जाला। अइसन स्थिति जवना में लोग के नींद कम आवेला अवुरी कबो-कबो लोग रात भर जागल रहेला। स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक अनिद्रा के ठीक करे में मेडिटेशन (नींद के समस्या खातीर योग) दवाई से जादे कारगर बा। त आईं जानी जा कि बेहतर नींद खातिर कवन-कवन आसन बा।

चक्रवकासन | Chakravakasana 

•सबसे पहिले चटाई पs घुटना टेक के बईठ जाईं।

•अब आगे झुक के जमीन पs हाथ रख दीं।

• एह तरह से रउरा गाय के पोजीशन में होखब।

• दुनो गोड़ के बीच कुछ दूरी बनाईं।

• गर्दन आ रीढ़ के हड्डी के सीधा राखीं आ गहिरा साँस लीं।

•अब साँस छोड़त घरी रीढ़ के हड्डी के ऊपर के ओर मोड़े के

कोशिश करीं।

•फेर साँस लेत घरी नीचे के ओर झुक जाईं। 3 से 5 बेर अयीसन करीं।

•एहसे आपके पीठ अवुरी गर्दन के दरद से राहत मिली।

एकरा अलावे रीढ़ के हड्डी में भी लचीलापन होई।

उत्तानासन | Uttanasana

•सबसे पहिले त सीधा चटाई पs खड़ा हो जाईं।

•गोड़ के सीधा राखीं आ गहिरा साँस लीं आ हाथ नीचे के ओर

ले जाइ।

• ध्यान रहे कि ए दौरान आपके घुटना ना झुके के चाही।

•अब कोशिश करीं कि पैर के उंगली के हाथ से छूईं

आ नाक से घुटना के छूईं।

• एह आसन के कइला से मन शांत हो जाला आ अनिद्रा के

समस्या से राहत मिलेला।

बालासन | Balasana 

•चटाई पs घुटना टेक के बइठ जाइ।

•अब कोशिश करीं कि घुटना बाहर के ओर पसारल जाव।

•एगो लम्बा साँस लेके आगे झुक जाइ।

•पेट के दुनो जांघ के बीच में लेके साँस छोड़ल जाला।

•आ नाक से चटाई के छूवे के कोशिश करीं। ई आसन 4 बार

करीं।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]