[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: बानी शरीर में अकड़न से परेसान, तs रोज करीं इs योगासन

योगा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

शरीर के अकड़न अवुरी दरद आम समस्या हs, जवन कि अक्सर खराब मुद्रा, लंबा समय ले बईठल, तनाव अवुरी मांसपेशियन में तनाव के चलते होखेला।  अक्सर जब लोग नींद से जागेला तs शरीर में हल्का दरद होखेला। चलत घरी कुछ समय ले लंगडाए लागेला। एकरा संगे डेस्क के काम कईल चाहे लंबा समय ले झुक के बईठला से पीठ अवुरी गर्दन में भी अकड़न अवुरी दरद होखेला। योग अइसन स्थिति से बचे के एगो कारगर तरीका हs। एकरा से शरीर में ना खाली लचीलापन मिलेला बालुक दरद से राहत भी मिलेला। इहाँ कुछ आसान अवुरी कारगर योग आसन दिहल बा, जवना के माध्यम से आप शरीर के अकड़न अवुरी दरद से छुटकारा पा सकतानी.

बालासन

बालासन: फोटो
बालासन: फोटो

बालासन तनाव कम करे में मददगार होखेला अवुरी रीढ़, कंधा अवुरी गर्दन के अकड़न से राहत देवेला। एह आसन से मानसिक शांति भी मिलेला।घुटना पs बइठ के धीरे-धीरे आगे झुक के माथा जमीन पs राखीं। हाथ आगे बढ़ाईं भा शरीर के बगल में राखीं. कुछ समय ले एही स्थिति में रह के गहिरा साँस लीं।

अधो मुख श्वानासन

अधो मुख श्वानासन: फोटो
अधो मुख श्वानासन: फोटो

इs आसन पूरा शरीर के खिंचाव करेला, जवना से मांसपेशियन के अकड़न अवुरी दरद से राहत मिलेला। अधो मुख श्वानासन हाथ, कंधा, पीठ आ गोड़ के मजबूत करे में भी मदद करेला. दुनु हाथ आ घुटना के बल आई। हाथ के जमीन पs राखत धीरे-धीरे कूल्हि के ऊपर के ओर उठाईं, ताकि शरीर वी के आकार में आवे। कुछ सेकंड ले एही स्थिति में रहीं आ ओकरा बाद वापस आ जाईं.

शवासन

शवासन: फोटो
शवासन: फोटो

शवासन एगो अइसन मुद्रा हs जवन तन आ मन के पूरा तरह से आराम देला। इs तनाव अवुरी मांसपेशियन के अकड़न के कम करेला अवुरी पूरा शरीर में ऊर्जा के संचार करेला।पीठ के बल लेट के आपन देह पूरा ढीला छोड़ दीं। आँख बंद कs के धीरे-धीरे गहिरा साँस लीं। 5-10 मिनट ले एही स्थिति में रही।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]