Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अगर INDI गठबंधन के बनल सरकार तऽ हम…, ममता बनर्जी विपक्षी खेमा के आगे राख देली तीन गो नया शर्तें

290

Mamata Banerjee to indi alliance ममता एगो सभा के दौरान आइएनडीआइए के समक्ष तीन गो शर्तें रखले बाड़ी। उनकर कहनाम बा कि जदि विपक्षी ब्लाक के सरकार बनल तऽ सबसे पहिले सीएए एनआरसी आ यूसीसी के रद करे के होई। जानकार मान रहल बाड़े कि उनकर ई बयान अंतिम चरण में मुस्लिम वोट ना बंटे एही के ध्यान में राख के दिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पहिले कहले रही कि जदि आइएनडीआइए के सरकार बनल तऽ उऽ बाहर से समर्थन करिहें। एकरा 24 घंटा बादे उऽ अपना एह बयान से पलटत कहली कि टीएमसी आइएनडीआइए के हिस्सा बा आ रहीं।

बाहरी समर्थन के कहले रहीं बात

ममता हालही में इंडी गठबंधन के बाहर से समर्थन देवे के बात कहले रही। ममता कहले रही कि जदि सत्ता में इंडी गठबंधन के सरकार बनल तऽ उऽ बाहर से ओकरा के समर्थन दिहें।

बंगाल सीएम कहले रही कि पूरा देश समझ गइल बा कि भाजपा चोरन से भरल पार्टी बिया। हम (टीएमसी) केंद्र में सरकार बनावे खातिर इंडी गठबंधन के बाहर से समर्थन दिहें। हम आपन समर्थन देब ताकि बंगाल में हमरा माता आ बहन के कबो कवनो समस्या ना होखे आ जवन लोग 100 दिन के नौकरी योजना में काम करेला, ओकरो समस्या के सामना ना करे के पड़े।

अधीर रंजन सधले रहले निशाना

ममता के एह बयान पs प्रतिक्रिया देत घरी कांग्रेस नेता अधीर रंजन ने कहले रहले कि उनका ममता बनर्जी पs भरोसा नइखे आ उऽ कहले कि उऽ गठबंधन छोड़ के भाजपो में जा सकत बाड़ी।

844190cookie-checkअगर INDI गठबंधन के बनल सरकार तऽ हम…, ममता बनर्जी विपक्षी खेमा के आगे राख देली तीन गो नया शर्तें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.