स्पोर्ट्स डेस्क। महिला चैंपियंस ट्रॉफी के पहिलका संस्करण अगिला साल माने 2027 के सुरुआत में खेलल जाई। टूर्नामेंट सुरू होखे से पहिलही मेजबानी के लेके बड़ विवाद सामने आ गइल बा। पहिले महिला चैंपियंस ट्रॉफी श्रीलंका के मेजबानी में होखे वाला रहे, बाकिर अब इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) श्रीलंका से मेजबानी छीन लेले बा। अब श्रीलंका एह टूर्नामेंट के मेजबानी ना कs पाई।
हालांकि, चैंपियंस ट्रॉफी के नया मेजबान के होई, एह बारे में अभी तक आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल। एतना जरूर तय हो गइल बा कि महिला चैंपियंस ट्रॉफी 2027 श्रीलंका में ना खेलल जाई। आईसीसी आ श्रीलंका सरकार के बीच मेजबानी से जुड़ल मुद्दा के समाधान ना हो सकल, जवना के बाद ई फैसला लिहल गइल।
श्रीलंका से छिन गइल महिला चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबानी
श्रीलंका क्रिकेट में बहुत समय से राजनीतिक दखल के आरोप सामने आवत रहल बा। आईसीसी लगातार क्रिकेट बोर्ड के कामकाज में राजनीतिक हस्तक्षेप खतम करे के बात कहत रहल बा, बाकिर विवाद अभी तक पूरा तरे से सुलझ नइखे सकल।
आईसीसी के नियम के मोताबिक हर क्रिकेट बोर्ड के सरकार भा राजनीतिक हस्तक्षेप से स्वतंत्र रूप से काम करे के चाहीं। श्रीलंका क्रिकेट एह ममिला में आईसीसी के भरोसा पs खरा ना उतर सकल। एह कारण महिला चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबानी ओकरा से वापस ले लिहल गइल।
श्रीलंका क्रिकेट के ट्रांसफॉर्मेशन कमेटी के सचिव प्रकाश शैफ्टर संडे टाइम्स से बातचीत में मेजबानी हटावल जाये के पुष्टि कइलें। ऊ कहलें कि टूर्नामेंट के श्रीलंका से दोसर जगह स्थानांतरित कs दिहल गइल बा। हालांकि, नया मेजबान देस के बारे में अभी उनको लगे जानकारी नइखे।
श्रीलंका खातिर आउर बढ़ सकेला परेसानी
श्रीलंका क्रिकेट के संविधान में प्रस्तावित सुधार के एगो कमेटी जांच कs रहल बिया। एह बीच आईसीसी बोर्ड के चुनाव जल्दी करावे पs जोर दे रहल बा। महिला चैंपियंस ट्रॉफी 2027 में कुल 6 टीम हिस्सा ली। टूर्नामेंट 14 से 18 फरवरी 2027 के बीच खेले के प्रस्ताव बा। एमे मेजबान देस के अलावे रैंकिंग में शीर्ष स्थान पs रहे वाली टीम हिस्सा लिहें सs।
श्रीलंका के महिला क्रिकेट टीम फिलहाल रैंकिंग में छठवां स्थान पs बिया। अइसन में मेजबानी छीने के फैसला ओकरा क्वालीफिकेशनो पs असर डाल सकेला। अब देखे वाला बात ई होई कि आईसीसी महिला चैंपियंस ट्रॉफी 2027 खातिर नया मेजबान के रूप में कवन देस के चुनेला।






