5 अक्‍टूबर के खेलल जाई World Cup 2023 के उद्घाटन मैच, टूर्नामेंट के फाइनल इहां आयोजित होई 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2023

एह साल के अंत में भारत में होखे वाला वनडे विश्व कप के मैच 12 शहरन में होई। रिपोर्ट के मोताबिक, विश्व कप के सुरुआत पांच अक्टूबर से होई आ फाइनल मैच 19 नवंबर के

Share

एह साल के अंत में भारत में होखे वाला वनडे विश्व कप के मैच 12 शहरन में होई। रिपोर्ट के मोताबिक, विश्व कप के सुरुआत पांच अक्टूबर से होई आ फाइनल मैच 19 नवंबर के अहमदाबाद के नरेन्द्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई।

अहमदाबाद के अलावे बेंगलुरू, चेन्नई, दिल्ली, धर्मशाला, गुवाहाटी, हैदराबाद, कोलकाता, लखनऊ, इंदौर, राजकोट आ मुंबई में एह वैश्विक टूर्नामेंट के मैच करावल जाई। 46 दिनन तक चले वाला विश्व कप में कुल 48 मैच होई, जेमे तीन नाकआउट मैच सामिल बा।

फाइनल मैच के छोड़के बीसीसीआई अभी ले कवनो मैच खातिर जगह तय नइखे कइले। एकरा अलावे एहु पs अंतिम फैसला नइखे भइल कि टीम कवना शहरन में अभ्यास मैच खेली। मानल जा रहल बा कि ओह घरी देस के अलग-अलग हिस्सन में मानसून के प्रभाव होखे से स्थल तय करे में देरी हो रहल बा।

आमतौर पs आइसीसी विश्व कप के कार्यक्रमन के घोषणा कम से कम एक साल पहिले कs देला, बाकिर अबकी बेर ऊ बीसीसीआइ से भारत सरकार से जरूरी मंजूरी मिले के इंतजार कर रहल बा। एमे दु गो प्रमुख मुद्दा सामिल बा, टूर्नामेंट खातिर कर में छूट प्राप्त कइल आ पाकिस्तान टीम के वीजा के मंजूरी दिहल।

समझल जात बा कि पिछला सप्ताह दुबई में आइसीसी के बैठक के दौरान बीसीसीआइ क्रिकेट के वैश्विक संस्था के भरोसा दिलवले बा कि भारत सरकार के ओर से पाकिस्तानी दल के वीजा के मंजूरी दिहल जाई। जहां तक कर में छूट के मुद्दा के बात बा, उमेद बा कि बीसीसीआइ जल्दिये भारत सरकार के एह बारे में राय के लेके आइसीसी के अपडेट दी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.