झारखंड के खनन सचिव IAS पूजा सिंघल गिरफ्तार, घर आ पति के अस्पताल से बड़ मात्रा में कैश बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2022

झारखंड खनन विभाग के सचिव पूजा सिंघल के ईडी गिरफ्तार कs लेले बिया। भ्रष्टाचार ममिला में पूजा पs आरोप लागल बा। पिछिला दु दिन से उनका से रांची इस्तिथ ईडी के कार्यालय में पूछताछ कइल

Share

झारखंड खनन विभाग के सचिव पूजा सिंघल के ईडी गिरफ्तार कs लेले बिया। भ्रष्टाचार ममिला में पूजा पs आरोप लागल बा। पिछिला दु दिन से उनका से रांची इस्तिथ ईडी के कार्यालय में पूछताछ कइल जात रहे। मंगरों के उनका से 9 घंटा पूछताछ भइल रहे।

एकरा पहिले पिछिला हफ्ता मानरेगा घोटाला के लेके ईडी पूजा सिंघल के आवास, उनका पति के पल्स हॉस्पिटल, सीए सुमन कुमार समेतआउर कइयन गो जगहन पs छापेमारी कइलस आ भारी मात्रा में कैश के संगे कइयन गो महतव्पूर्ण दस्तावेज बरामद कइले रहे।

दावा कइल जा रहल बा कि पूजा सिंघल के घर से एगो डायरी मिलल बा। एमे ब्यूरोक्रेट्स, नेता आ रसुखदारन के नाव बा। ट्रांजेकश्ननो के जिकिर बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.