सेंट्रल डेस्क। आईएएस अधिकारी दिव्या मित्तल 13 साल के प्रशासनिक सेवा के सफर के विराम देत अपना इच्छा से पद से इस्तीफा दे देली। सोशल मीडिया पs एगो भावुक पोस्ट शेयर कs के ऊ अपना फैसला के जानकारी देलीं। पोस्ट में दिव्या मित्तल आईएएस बने के सफर से लेके प्रशासनिक सेवा के दौरान आम लोगन से मिलल अनुभव आ सीख के बारे में बतवलीं।
साधारण परिवार से निकल के देखलीं बड़ सपना
दिव्या मित्तल बतवलीं कि साधारण परिवेश में परवरिश होखला के बादो ऊ बेहतर आ सफल जिनगी के सपना देखत रहलीं। दिन-रात मेहनत कs के ऊ आईआईटी दिल्ली आ आईआईएम बेंगलुरु से पढ़ाई कइलीं। पढ़ाई पूरा कइला के बाद उनका के लंदन में नौकरियो मिल गइल।
हालांकि, जिनगी में कइयन गो उपलब्धि हासिल कइला के बादो अपना देस से दूर रहे के खालीपन उनका महसूस होत रहे। उनका मन में हमेसा अपना देस खातिर कुछ करे के इच्छा रहे।
देस के माटी के कर्ज चुकावे खातिर लवटली भारत
दिव्या मित्तल अपना पोस्ट में लिखलीं कि उनका शिक्षा, आत्मविश्वास आ दुनिया में कहियो माथा उठाके चले के ताकत भारत के माटी से मिलल बा। एह देस के एह कर्जा के चुकावे के इच्छा से ऊ भारत वापस अइली आ आईएएस अधिकारी बने के मवका मिलल।
प्रशासनिक सेवा के दौरान उनका कइयन जगह काम करे के मवका मिलल। देवरिया आ मीरजापुर में बितावल समय आ आम लोगन से मिलल स्नेह के ऊ खास तौर पs इयाद कइली।
‘पद छूट गइल, बाकिर सपना ना’
अपना भावुक सनेस में दिव्या मित्तल कहली कि प्रशासनिक पद भले छूट गइल होखे, बाकिर देस के माटी से मिलल सपना उनका संगे जिनगी भर रही। उनका एह पोस्ट के बाद सोशल मीडिया पs लोग तरे-तरे के प्रतिक्रिया दे रहल बा। कइयन गो लोग उनका के अगिला सफर खातिर सुभकामना दे रहल बा।
2013 बैच के IAS अधिकारी बाड़ी दिव्या मित्तल
बता दीं कि दिव्या मित्तल 2013 बैच के आईएएस अधिकारी बाड़ी। मवजूदा समय में ऊ राजस्व विभाग में विशेष सचिव के पद पs तैनात रहल बाड़ी। 6 मई के उनका के देवरिया के जिलाधिकारी के पद से हटा दिहल गइल रहे।






