[the_ad_group id="30365"]

AAP Leader Murder : आप नेता गुरप्रीत सिंह उर्फ गोपी के गोली मार के हत्या, चार हमलावर छलनी कइले सs सीना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिरोजपुर। पंजाब के सीमावर्ती जिला फिरोजपुर में सनिचर के देर सांझ आम आदमी पार्टी (आप) से जुड़ल एगो स्थानीय नेता के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल। वारदात ममदोट कस्बा के मुख्य बाजार में भइल। मृतक के पहचान 45 साल के गुरप्रीत सिंह उर्फ गोपी के रूप में भइल बा। चार हथियारबंद हमलावर उनका पs ताबड़तोड़ गोली चलवले सs।

एह हमला में गोपी के संगे मवजूद 22 साल के हरप्रीत सिंह उर्फ हैप्पी घायल हो गइलें। घटना के समय दुनो लाेग मोटरसाइकिल पs सवार रहे।

कार से पीछा कs के बरसवलें गोली

बतावल जा रहल बा कि चार हमलावर कार में सवार होके गोपी आ हरप्रीत के पीछा करत रहले सs। मुख्य बाजार में पहुंचतही हमलावर गोली चलावे लगले सs। इहो जानकारी सामने आइल बा कि हमलावर कार से उतर के गोपी के मोटरसाइकिल पs गोली बरसवलें सs।

गोपी के देह में कइयन गो गोली लागल। दुनो घायलन के तुरंत फिरोजपुर के सिविल अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर गोपी के मृत घोषित कs देलें। हरप्रीत के हालत देखत आगे के इलाज खातिर लुधियाना के एगो निजी अस्पताल रेफर कs दिहल गइल।

घटना के समय ममदोट नगर पंचायत के हाले में चुनल गइल प्रधान विक्की मैनी आसपास मवजूद रहलें। ऊ सुरक्षित बच निकललें। गोलीबारी के घटना थाना ममदोट से करीब 250 मीटर के दूरी पs सांझ करीब 7:45 बजे भइल।

कांग्रेस से रहल बा गोपी के नाता

गुरप्रीत सिंह उर्फ गोपी ममदोट इलाका में आप के स्थानीय कार्यकर्ता आ नेता रहलें। उनकर पिता बलकार सिंह पूर्व कांग्रेस नेता रहल बाड़ें आ स्थानीय राजनीति में सक्रिय रहलें।

फिरोजपुर के एसएसपी भूपिंदर सिंह सिद्धू घटना के पुष्टि करत कहलें कि पुलिस आरोपियन के पहचान कs लेले बिया आ गिरफ्तारी खातिर कइयन गो टीम बनावल गइल बा।

मुख्य आरोपी पs आपराधिक ममिला

एसएसपी बतवलें कि घटना के मुख्य आरोपी के आपराधिक पृष्ठभूमि बा आ ऊ गैरकानूनी गतिविधियन में सामिल रहल बा। पुलिस आसपास के CCTV फुटेज खंगाल रहल बिया।

डीएसपी फिरोजपुर रूरल करण कुमार शर्मा घटनास्थल पs पहुंचलें आ भारी पुलिस बल के संगे जांच सुरू कइलें। सुरुआती जांच में गैंग के भूमिका के आशंका से इनकार नइखे कइल गइल, हालांकि पुलिस फिलहाल व्यक्तिगत दुश्मनी आ चुनावी रंजिश के एंगल पs जादे धेयान दे रहल बिया। पुलिस के जांच जारी बा आ अब तक एह ममिला में कवनो आरोपी के गिरफ्तारी नइखे भइल।

Read Also: आप नेता गुरप्रीत सिंह उर्फ गोपी के गोली मार के हत्या, चार हमलावर छलनी कइले सs सीना

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]