हैदराबाद में मुथ्यालम्मा मंदिर में तोड़फोड़, चौखट पs फेंकलस माता के मूर्ति; केंद्रीय मंत्री लगइलन बड़ आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

    हैदराबाद के पासपोर्ट कार्यालय के पास कुर्मागुडा में मुथ्यालम्मा मंदिर में तनाव मचल बा। बदमाश मंदिर से माता के मूर्ति के हटा के मंदिर के दुआर पs फेंक देले बाड़े। घटना के जानकारी

Share

मुथ्यालम्मा मंदिर: फोटो

 

 

हैदराबाद के पासपोर्ट कार्यालय के पास कुर्मागुडा में मुथ्यालम्मा मंदिर में तनाव मचल बा। बदमाश मंदिर से माता के मूर्ति के हटा के मंदिर के दुआर पs फेंक देले बाड़े। घटना के जानकारी मिलते स्थानीय लोग भारी संख्या में मंदिर पहुंचले अवुरी नाराजगी जतवले। एs मामला में महाकाली संभाग के सहायक पुलिस आयुक्त बतवले कि स्थानीय लोग बाजार थाना के इलाका में एगो आदमी के पकड़ के पुलिस के हवाले कs देले बाड़े। फिलहाल पुलिस टीम एs घटना के जानकारी मिलला के बाद मौका पs पहुंचल बिया।

केंद्रीय मंत्री कार्रवाई के मांग कईले

केंद्रीय मंत्री श्री. किशन रेड्डी मंदिर पहुंचले अवुरी सीपी सीवी आनंद के संगे मंदिर के भीतर जाके जायजा लेले। उs पुलिस अधिकारी से विस्तार से जानकारी मंगले। उ बतवले कि, आज सबेरे करीब 4 बजे मुस्लिम समुदाय के एगो आदमी मंदिर में घुस के माई भगवती के मूर्ति के तोड़े के कोशिश कईलस। ई शर्म के बात बा, कुछ लोग ओकरा के देख के पकड़ के पुलिस के सौंप दिहले। उs चोरी करे ना आईल बालुक हिन्दू समाज के अपमान करे आईल रहे।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.