दिल्ली एयरपोर्ट के टर्मिनल-1 पs छत गिरल, 4 गो लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 28, 2024

  दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 पs छत गिर गईल। दमकल विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 में छत गिरला के जानकारी सबेरे करीब साढ़े पांच बजे

Share

 

दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 पs छत गिर गईल। दमकल विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 में छत गिरला के जानकारी सबेरे करीब साढ़े पांच बजे मिलल। मौका पs तीन फायर टेंडर भेजल गईल बा। दमकल विभाग के कहल बा कि एह हादसा में चार लोग घवाहिल हो गइल बाड़े. छत गिरला से कुछ गाड़ी के भी नुकसान पहुंचल बा।

छत गिरले से कइ गो लोग घायल

ताजा जानकारी के मुताबिक एयरपोर्ट पs छत गिरला से चार लोग घाही हो गईले। घाही लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। हवाई अड्डा पs फंसल सगरी लोग के निकाल दिहल गइल बा.  घायल लोग के इलाज हो रहल बा। छत गिरला से गाड़ी के नुकसान हो गईल। काम पs एगो आदमी फंस गइल.  फिलहाल इs साफ नईखे कि घाही यात्री हवे कि हवाई अड्डा के कर्मचारी।

दिल्ली में बरखा हो रहल बा

बता दीं कि आजु सबेरे से दिल्ली में भारी बरखा हो रहल बा.  भारी बरखा के चलते राष्ट्रीय राजधानी के कई हिस्सा में पानी के भरपाई देखाई देलस। बरखा के चलते बहुत इलाका में यातायात प्रभावित भईल बा जवना के चलते जाम देखाई देता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.