गोरखपुर में होटल ताज के बनला पs ग्रहण, होटल के भीतरी मॉल आ अपार्टमेंट बनवावत रहे प्रबंधन, जीडीए न‍िरस्‍त क‍इलस नक्‍शा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2022

Hotel Taj in Gorakhpur: रामगढ़ ताल के किनारे चंपा देवी पार्क के लगे प्रस्तावित होटल ताज के मानचित्र पs फिलहाल पेंच फंस गइल बा। करीब पांच एकड़ में प्रस्तावित एह होटल के जवन मानचित्र गोरखपुर

Share

Hotel Taj in Gorakhpur: रामगढ़ ताल के किनारे चंपा देवी पार्क के लगे प्रस्तावित होटल ताज के मानचित्र पs फिलहाल पेंच फंस गइल बा। करीब पांच एकड़ में प्रस्तावित एह होटल के जवन मानचित्र गोरखपुर विकास प्राधिरकण (जीडीए) में प्रस्तुत कइल गइल रहे, ओकरा के मानकन के खिलाफ बतावत संशोधित करे के कहल गइल बा। संशोधित मानचित्र अइले पs ओकर अनुमोदन मिली। एह होटल पs लमसम 350 करोड़ रुपिया खर्च करे के प्रस्ताव बा।

मानक के मोताबिक मानचित्र ना होखले से बदलाव के दिहल गइले निरदेस 

जीडीए में दाखिल मानचित्र में होटल के संगही आवासीय, बेवसायिक भवन आ माल के प्रस्ताव दिहल गइल रहे। प्राधिकरण ई जमीन जमीन होटल खातिर आवंटित कइले रहे। मानचित्र में 23-23 तल्ला के तीन गो टावर प्रस्तावित कइल गइल रहे। एगो टावर के ऊपरी कुछ तलल्न पs होटल के प्रस्ताव रहे जबकि नीचे के तलल्न पs बेवसायिक आ कार्यालय के प्रस्ताव रहे। दु गो आउर आवासीय बनावे के प्रस्ताव रहे। जीडीए सूत्रन के मानि तs होटल बनावे के प्रस्ताव मिलले पs मानचित्र मंजूर हो सकी। जल्दिये संशोधित मानचित्र प्रस्तुत करे के होई।

तारामंडल क्षेत्र में प्रस्तावित बा तीन गो फाइव स्टार होटल

तारामंडल क्षेत्र में तीन गो फाइव स्टार होटल प्रस्तावित बा। मैरिएट होटल के काम अंतिम चरण में बा। दूसरका प्रस्तावित होटल ताज हs। एकरा के लेके लमहर समय से कवायद चलत रहे।  एकरा रस्ता में आ रहल समस्यन के दूरो करावल गइल रहे बाकिर मानचित्र के लेके ममिला फंस गइल। एकरा अलावे पैडलेगंज बुद्ध द्वार के लगे लोटस होटल खातिर जमीन आवंटित बा। इहां हालिडे इन होटल खोले के प्रस्ताव रहे बाकिर अभी ले जीडीए में मानचित्र दाखिल नइखे कइल गइल। एह तरे दु गो फाइव स्टार होटल खुले में देर लागे वाला बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.