Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

HP Defence Academy के दु दिवसीय खेलकूद प्रतियोगिता के भइल सानदार सुरुआत

701

पढ़बs लिखबs तs बनबs नवाब खेलबs कूदबs तs होखबs  खराब” अब एह पंक्तियन के मायना बदल गइल बा। अब खेलकूदो के लईकन के विकास के एगो अहम हिस्सा मानल जात बा। एही बात के धेयान में राख के प्रधानमंत्री जी “खेलो इंडिया खेलो” के नारा देले बाड़ें। एही बात के धेयान में रखत एचपी डिफेंस केडमी नंदा नगर के तत्वाधान में दु दिवसीय खेलकूद प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल।

जवना के पहिला दिन खेल प्रतियोगिता के उद्घाटन मुख्य अतिथि कर्नल भानु प्रताप शाही आ श्रीमती अर्चना शाही द्वारा फीता काटके कइल गइल। कवनो कार्यक्रम के सुभारंभ बिना ईश्वर के आशीर्वाद के कइसे हो सकत बा। एहिसे सबसे पहिले माँ वीणापाणि के चरण में वंदना अर्पित कइल गइल। ओकरा बाद कुछ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन कइल गइल। एमे लईकन के द्वारा सरस्वती वंदना, जुम्बा डांस, स्टंट डांस आदि कार्यक्रमन के प्रस्तुति बहुते मनोहारी रहल। स्कूल कैप्टन तनिष आ वाईस कैप्टन जिज्ञासा के द्वारा मुख्य अतिथि के बैच लगावल गइल। स्कूल के हेड बॉय द्वारा मशाल जराके खेल-कूद कार्यक्रम सुरु करे के अनुमति प्राप्त कइल गइल।

सबसे पहिले मुख्य अतिथि के सोझा मार्च पास्ट प्रस्तुत कइल गइल ओकरा बाद पहिला दिन में कुछ खेलन के आयोजन भइल जेमे क्रिकेट में प्रताप हाउस प्रथम आ प्रबल हाउस दुसरा स्थान पs रहल। बैडमिंटन बालक वर्ग में प्रबल हाउस के मन्नू आ प्रिंस दीप सिंह विजेता रहल लो, बैडमिंटन बालिका वर्ग में पराक्रम हाउस बाजी मरलस। बालक वर्ग शतरंज में दिव्यांश झा पहिला स्थान, शुभम द्वितीय स्थान आ शौर्य तीसरा स्थान पs रहल लो। बालिका वर्ग शतरंज में जिज्ञासा तिवारी पहिला स्थान, जाह्नवी तिवारी दुसरा स्थान आ टिया तीसरा स्थान पर रहल लो।

बालिका वर्ग के कबड्डी, खो-खो इत्यादि अलग-अलग खेलन के आयोजन भइल। लईका लोग बढ़ चढ़के सब खेलन में हिस्सा लिहल आ खेल भावना के परिचय दिहल। पहिला दिन में ब्लू हाउस के लईकन के दबदबा रहल आ प्री-प्राइमरी के लईकन के टॉफी रेस जेमे छोट- छोट लईका लोग बहुते उत्तम प्रदर्शन कइल आ सबकर दिल जीत लिहल। पढ़ाई के संगे-संगे खेल-कूद लईकन के सर्वांगीण विकास के खातिर बहुते जरूरी बा। एह बात के धेयान में रखत हर साल वार्षिक खेल-कूद प्रतियोगिता के आयोजन होला। लईका लोग में अति उत्साह रहे आ ऊ लोग हर एगो खेल में प्रतिभाग कइल चाहत रहे लो। एही तरे कुछ आउर प्रतियोगितन के आयोजन भइल, जेमे लईका लोग बढ़ चढ़के हिस्सा लिहल आ जवन लईका प्रतियोगिता से बाहर रहे लो ऊ दिल खोलके प्रतिभाग कs रहल लईकन के उत्साहवर्धन कइलें आ अपना-अपना हाउस खातिर चीयर्स कइल।

प्रधानाचार्य कमल थापा, उप प्रधानाचार्या नीलम पाण्डेय, रविन्द्र, विनोद, पूनम, सुनीता पाण्डेय, रंजना, निधि, सपना, शालिनी, धीरज, आयुषी आदि शिक्षकन के जोगदान सराहनीय रहल।

454270cookie-checkHP Defence Academy के दु दिवसीय खेलकूद प्रतियोगिता के भइल सानदार सुरुआत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.