पहिले कबो नाहीं खइले होखब चुकंदर के हलवा, एक बेर बना के जरूर देखीं इs रेसिपी, खाते ही कहब लाजवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2025

भारत के लोग के मिठाई खाए के एतना शौक बा कि इहाँ हजारों प्रकार के मिठाई मिल जाई। भारत में सैकड़न किसिम के हलवा बनावल आ खाइल जाला। अगर रऊवा के भी हलवा खाए के

Share

भारत के लोग के मिठाई खाए के एतना शौक बा कि इहाँ हजारों प्रकार के मिठाई मिल जाई। भारत में सैकड़न किसिम के हलवा बनावल आ खाइल जाला। अगर रऊवा के भी हलवा खाए के शौक बा तs हम बतावत बानी कि चुकंदर के हलवा कईसे बनावल जाला। चुकंदर एगो अइसन सब्जी हs जवन गुण से भरल होला, बाकिर जेकरा सलाद में चुकंदर खाइल पसंद ना होखे उs एकर हलवा बना के खा सकेला। चुकंदर के हलवा खाए में बहुत स्वादिष्ट होला। हलवा कवना चीज से बनल बा बिना बतवले पता ना चल पाई। लइकन के भी ई हलवा बहुत पसंद आवेला।

चुकंदर के हलवा बनावे के सामग्री

एकरा खातिर रउरा लगभग 4 चुकंदर लेवे के पड़ी। 1 कप गाढ़ा दूध ले लीं। 1 कप देसी घी आ 3/4 कप चीनी ले लीं। अब एही चीजन से हलवा तइयार करीं.

चुकंदर के हलवा के रेसिपी

*कड़ाही में घी डाल के कुछ बारीक कटल काजू भुन लीं। काजू निकालला के बाद ओही कड़ाही में कसा हुआ चुकंदर डाल दीं। लगातार हिलावत चुकंदर के पकाईं।

*अब कड़ाही में कुछ अउरी घी डाल के सब कुछ मध्यम आंच पs बढ़िया से पका लीं। करीब 5 मिनट के बाद हलवा में मलाईदार गाढ़ दूध डाल के मिला लीं। अब हलवा के दूध गाढ़ा होखे तक पकाईं।

*जब सब कुछ बढ़िया से पक जाव तs एक बेर जांच करीं कि चुकंदर बढ़िया से पक गईल बा कि ना। जब रउरा लागे कि चुकंदर पक गइल बा तs ओकरा में चीनी डाल दीं. चीनी डाल के हलवा के बढ़िया से मिला लीं।

*चीनी डालला के बाद हलवा के 5 से 7 मिनट अउरी पकाईं। हलवा के लगातार हिलावत रहीं। जब हलवा तैयार हो जाई तs ऊपर से 1 चम्मच घी डाल के गैस बंद कs दीं। स्वादिष्ट चुकंदर के हलवा तैयार बा। एकरा के ड्राई फ्रूट्स से सजा के परोसीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.