ल‌इकन के खिलाई ईs 5 चीज, लोहा जइसन मजबूत हो जाई इम्यूनिटी, बीमारी रहीं दूर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 27, 2024

  जाड़ा में ल‌इकन आ बुज़ुर्ग के इम्यूनिटी कमजोर हो जाला। जेकरी वजह से ल‌इका कुल जादा बीमार पड़ेले । मौसम के बदवाल के असर दुनों के सेहत पs पड़ेला। अइसे में ल‌इकन के डाइट

Share

 

जाड़ा में ल‌इकन आ बुज़ुर्ग के इम्यूनिटी कमजोर हो जाला। जेकरी वजह से ल‌इका कुल जादा बीमार पड़ेले । मौसम के बदवाल के असर दुनों के सेहत पs पड़ेला। अइसे में ल‌इकन के डाइट में हेल्दी फूड्स के जरूर शामिल करे के चाही। ल‌इकन के रोग प्रतिरोधक क्षमता जब मजबूत होला तs उs जल्दी बीमर नाहीं होंले। एसे ल‌इकन के ग्रोथ अच्छा होई। आपके बता देंई बढ़त ल‌इकन के पौष्टिक भोजन खिलावल जरूरी हs। आजु हम आपके अ‌इसन चीज के बारे में बतावत ह‌ईं जेके ल‌इकन के डाइट में जरूर शामिल करे के चाहीं।

ल‌इकन के इम्यूनिटी बढ़ावे वाला आहार

•पालक- पालक में कई तरह के पोषक तत्त्व होला । जवन ल‌इकन के ग्रोथ के खातिर जरूरी होला। पालक में विटामिन सी, विटामिन ई, एंटीऑक्सीडेंट, आयरन, कैरोटिनॉइड ज‌इसन पोषक तत्व पा‌इल जाला।एसे ल‌इकन के इम्यूनिटी मजबूत बनेला । पालक ख‌इला से शरीर में आयरन के कमी पूरा होला । रउरा लइकन के सब्जी या सलाद के रूप में पालक जरूर खाईं।

•ब्रोकोली- लाइकन खातिर ब्रोकोली काफी बढ़िया होला। ब्रोकोली में बहुत प्रकार के पोषक तत्व पावल जाला, जवन कि बच्चा के विकास में मदद करेला। ब्रोकोली खईला से शरीर में विटामिन सी, एंटीऑक्सीडेंट अवुरी बाकी विटामिन मिलेला। जवना के चलते प्रतिरक्षा मजबूत हो जाला। लइकन के ब्रोकोली जरूर खियाईं।

•शकरकंद- ल‌इकन के शकरकंद के स्वाद पसंद आवेला। ख‌इलें में मीठ शकरकंद स्वास्थ्य खातिर फायदेमंद होला । शकरकंद में बीटा कैरोटीन सबसे ढेर पा‌इल जाला जवन आंख खातिर अच्छा होला । शकरकंद ख‌इला से विटामिन एs के कमी के पूरा क‌इल जा सकेला । एमें भरपूर एंटीऑक्सीडेंट होला जवन इम्यूनिटी के मजबूत बनावेला ।

•अदरक-लहसुन- खाना में अदरक लहसुन जरूर शामिल करीं। एमें शरीर के जरूरी एंटी- इन्फ्लैमटोरी आ एंटी-ऑक्सीडेंट गुण मिलेना। जवन इम्यूनिटी के मजबूत बनावेला। अदरक लहसुन ख‌इलें से सर्दी जुकाम के समस्या नाहीं होला। ईs दुनों चीज सेहत खातिर फायदेमंद मानल जाला।

•हल्दी- सब्जियन में हल्दी के इस्तेमाल क‌इल जाला , लेकिन ल‌इकन के हल्दी वाला दूध पिलाइ। एसे रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत होला। हल्दी में अ‌इसन कईगो गुण पा‌इल जाला जवन इम्यूनिटी बढ़‌वलें में मदद करेला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.