कइसे ढह गईल छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति, जानीं कारन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  महाराष्ट्र के मालवन तालुका के राजकोट में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिरला के पीछे के कारन के पता लगावे खातिर आर्किटेक्चरल इंजीनियर, विशेषज्ञ, आईआईटी अवुरी नौसेना अधिकारी के तकनीकी संयुक्त समिति बनावे के

Share

शिवाजी महाराज की क्षतिग्रस्त मूर्ति: फोटो

 

महाराष्ट्र के मालवन तालुका के राजकोट में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिरला के पीछे के कारन के पता लगावे खातिर आर्किटेक्चरल इंजीनियर, विशेषज्ञ, आईआईटी अवुरी नौसेना अधिकारी के तकनीकी संयुक्त समिति बनावे के फैसला मंगलवार के भईल। समिति तय करी कि एs दुर्घटना के जिम्मेदार के बा। बैठक में राज्य के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे इs निर्देश देले। सीएम शिंदे लोक निर्माण विभाग के भी निर्देश दिहलन कि छत्रपति शिवाजी महाराज के भव्य आ बेहतरीन मूर्ति बनावे खातिर देश के बेहतरीन मूर्तिकार, वास्तु अभियंता, विशेषज्ञ आ नौसेना अधिकारी के समिति नियुक्त कइल जाव.

मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे एह घटना के लेके वर्षा में संबंधित लोग के बैठक बोलवले रहले। उपमुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस, लोक निर्माण मंत्री आ गर्जियान मंत्री रविन्द्र चव्हाण, स्कूल शिक्षा मंत्री दीपक केसरकर, मुख्य सचिव सुजाता सौनिक, अपर मुख्य सचिव गृह इकबाल सिंह चहल, अपर मुख्य सचिव लोक निर्माण मनीषा म्हैस्कर, अपर मुख्य सचिव शहरी विकास असीम गुप्ता, मुख्यमंत्री के प्रमुख सचिव बृजेश सिंह, पुलिस महानिदेशक रश्मि शुक्ला, वाइस एडमिरल अजय कोचर, रियर एडमिरल मनीष चड्ढा मौजूद रहले। मूर्तिकार राम सुतार, विनय वाघ, शशिकांत वाडके मौजूद रहले।

नया मूर्ति बनावे के जिम्मेवारी एही लोग पs बा

मुख्यमंत्री महाराष्ट्र के नामी मूर्तिकार अवुरी जेजे स्कूल ऑफ आर्ट्स, आईआईटी, वास्तुकला इंजीनियर अवुरी नौसेना तकनीशियन के शामिल कs के छत्रपति के भव्य मूर्ति के डिजाइन अवुरी खड़ा करे खातीर समिति के गठन करे के निर्देश भी देले।मुख्यमंत्री कहले कि “इs घटना दुर्भाग्यपूर्ण बा अवुरी शिवभक्त के भावना उग्र हो गईल बा। नौसेना दिवस समारोह के मौका पs राजकोट में नीमन भावना से मूर्ति के स्थापना कईले रहे अवुरी मुख्यमंत्री कहले कि हमनी के बहुत सावधान रहे के चाही कि भविष्य में अयीसन दुर्घटना दोबारा कबहूँ ना होखे। एकरा खातीर पईसा के कवनो कमी ना होई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.