Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एटा में भीषण सड़क हादसा, हाईवे पऽ डिवाइडर से टकराइल कार; दू गो मासूम समेत चार लोगन के मौत

271

Etah Road Accident उत्तर प्रदेश के एटा जिला के थाना पिलुआ क्षेत्र के अंतर्गत बियफे सुबह 5:30 बजे कार डिवाइडर से टकरा गइल। हादसा में चार लोगन के मृत्यु हो गइल जवना में दू गो बच्चा शामिल बाड़े। हादसा में एगो युवको के मृत्यु हो गइल जवना के शनिचर के बियाह होखे के रहे। दुर्घटना में पांच लोग घायल भइल बा सब कोई के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा।

उत्तर प्रदेश के एटा जिला के थाना पिलुआ क्षेत्र के अंतर्गत बियफे सुबह 5:30 बजे कार डिवाइडर से टकरा गइल। हादसे में चार लोगन के मौत हो गइल जवना में दू गो बच्चा शामिल बाड़े। हादसा में एगो युवको के मौत हो गइल,  शनिचर के शादी होखे के रहे। दुर्घटना में पांच लोग घायल भइले, सब कोई के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा। सब मृतक आ घायल मैनपुरी जिला के रहे वाला हउअन।

भोर के घरी दिल्ली से कार आवत रहे जवन सुन्ना नहर पुल के लगे अनियंत्रित होके डिवाइडर से टकरा गइल। हादसा में गुलशन निवासी ब्यौती कला थाना एलाऊ जनपद मैनपुरी आ गांव साथनी दलीलपुर जनपद मैनपुरी के रहे वाला कुलदीप आ एक वर्ष के नित्या आ पांच वर्षीय आराध्या के मौके पऽ मौत हो गइल।

दुर्घटना में कुलदीप के भाई रवि आ उनकर बेटा आदित्य आ परिवारे के रंजना आ सत्येंद्र आ शहजादपुर थाना ओंछा जनपद मैनपुरी निवासी विष्णु घायल भइल बाड़न। सब कोई के मेडिकल कॉलेज लिआवल गइल। जहां से दू गो आगरा रेफर कर दिहल गइल बा।

बतावल जाता कि कुलदीप के शादी शनिवार के होखे वाला रहे उनकर बरात जाए वाला रहे। शादी वाला घर में कोहराम मचल बा  रवि आ  कुलदीप सगे भाई हउअन। नित्या आ आराध्या रवि के बेटी हई। सब लोग दिल्ली से आवत रहे। खरीदारीयो करके लिआवत रहे। सूचना मिलतऽही मैनपुरी से कई गो लोग मेडिकल कॉलेज पहुंच गइले। घटना के कारण मानल जा रहल बा कि चालक के झपकी आ गइल रहे।

794430cookie-checkएटा में भीषण सड़क हादसा, हाईवे पऽ डिवाइडर से टकराइल कार; दू गो मासूम समेत चार लोगन के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.