[the_ad_group id="30365"]

हिंदी दिवस विशेष : राष्ट्रीय स्वतंत्रता आंदोलन के सशक्त माध्यम रहल हिंदी– प्रो. प्रत्यूष दुबे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। हिंदी दिवस (14 सितंबर) के पूर्वसंध्या पs सनिचर के डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर के हिंदी विभाग के ओर से महाविद्यालय सभागार में ‘स्वाधीनता आंदोलन आ हिंदी भाषा’ विषय पs संगोष्ठी आ पुरस्कार वितरण समारोह आयोजित कइल गइल। कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के आचार्य प्रो. प्रत्यूष दुबे उपस्थित रहलें।

दीप प्रज्ज्वलन आ स्वागत गीत से भइल शुभारंभ

कार्यक्रम के सुरुआत दीप प्रज्ज्वलन आ सरस्वती वंदना से भइल। महाविद्यालय के छात्रा स्वागत गीत प्रस्तुत कs के अतिथियन के अभिनंदन कइल लोग। संगोष्ठी के संयोजक डॉ. शत्रुघ्न सिंह हिंदी भाषा के भूमिका पs प्रकाश डालत कहलें कि “हिंदी खाली भाषा ना, बलुक हमनी के संस्कृति के संवाहिका हs।”

हिंदी पूरा देस के एक सूत्र में जोड़लस- प्रो. प्रत्यूष दुबे

मुख्य अतिथि प्रो. प्रत्यूष दुबे कहलें कि हिंदी भाषा में पूरा देस के एक सूत्र में जोड़े के क्षमता बा। उ बतवलें कि राष्ट्रीय स्वतंत्रता आंदोलन में हिंदी एगो सशक्त माध्यम रहल। जदि हिंदी ना रहित तs आजादी के सपना अधूरा रह जाइत।

छात्र-छात्रा के दिहल गइल सम्मान

महाविद्यालय के प्राचार्या प्रो. शैल पांडेय अध्यक्षीय उद्बोधन देत विद्यार्थियन से मातृभाषा हिंदी के प्रति संवेदनशील रहे के संदेश देली। कार्यक्रम के संचालन प्रो. वेदवती सिंह कइलें।

संगोष्ठी के दौरान आयोजित काव्यपाठ, निबंध लेखन, भाषण आ काव्य रचना प्रतियोगिता में प्रतिभाग करे वाला विद्यार्थियन के पुरस्कार आ प्रमाणपत्र प्रदान कइल गइल। सम्मानित होखे वालन में रामनरेश, शिवेश मिश्रा, अनूप कुमार, अर्चना विश्वकर्मा, आदर्श चौहान, जाह्नवी वर्मा, जया गुप्ता, खुशी गुप्ता, राहुल गुप्ता आ रजिया खातून सामिल रहल लोग।

शिक्षकन आ विद्यार्थियन के रहल व्यापक सहभागिता

एह अवसर पs महाविद्यालय के कइयन गो शिक्षक जइसे डॉ. परेश सनत, डॉ. बिंदु कुमारी, डॉ. पूनम, डॉ. अमरेंद्र पांडेय, डॉ. संजय कुमार पांडेय, डॉ. प्रतिभा गुप्ता, डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. विनोद गुप्ता, डॉ. अभिषेक कुमार गुप्ता आ डॉ. आशा राम मौजूद रहल लोग। सब संकायन के विद्यार्थी बड़ संख्या में कार्यक्रम में सामिल भइल लोग।

Read Also: Gorakhpur Rang Mahotsav: तीसरा गोरखपुर रंग महोत्सव के 11 से 15 अक्टूबर तक होई आयोजन, पहिला दिन नाटक आंख मिचोली के मंचन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]