[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Rang Mahotsav: तीसरा गोरखपुर रंग महोत्सव के 11 से 15 अक्टूबर तक होई आयोजन, पहिला दिन नाटक आंख मिचोली के मंचन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। अभियान थिएटर ग्रुप गोरखपुर आ भारतेंदु नाटक अकादमी लखनऊ के ओर से 11 से 15 अक्टूबर तक बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह, तारामंडल में तृतीय गोरखपुर रंग महोत्सव (राष्ट्रीय नाट्य समारोह) के आयोजन होई।

एकरा के लेके सुक के बैंक रोड इस्थित होटल में बैठक कs आगे के तइयारी पs चरचा कइल गइल।पहिला दिन प्रिज्म थिएटर मुंबई के ओर से नाटक आंख मिचोली के मंचन होई।

महोत्सव में थिएटर वर्कशॉप खातिर राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय, नई दिल्ली से मृणाली पांडेय आ भारतीय फिल्म आउर टेलीविजन इंस्टीट्यूट आफ पुणे के अफ्फान नवाब आ प्राणेश कुमार आदि के ओर से प्रशिक्षण संचालित कइल जाई।

महोत्सव के एह संस्करण में कुछ आउर विधा के जोड़ल गइल बा। एकरा से एह महोत्सव के भव्यता आउर बढ़े। एह बरिस के महोत्सव में कुल नव विधा के सामिल कइल गइल बा।

एह महोत्सव में रंग विमर्श खातिर भारत के प्रमुख रंगमंच के निर्देशकन आ अभिनेता लोगन के आमंत्रित कइल गइल बा।

नाट्य मंचन खातिर भारत के पांच श्रेष्ठ टीमन के आमंत्रित कइल गइल बा। एमे महोत्सव के पहिलका दिन प्रिज्म थिएटर मुंबई के ओर से नाटक आंख मिचोली के मंचन होई।

एमे फिल्म आ सीरियल के कलाकार परितोष त्रिपाठी, रश्मि देसाई, केतन सिंह, सुगंधा श्रीवास्तव आदि सामिल बा लो।

दूसरका दिन जयपुर के टीम मरुधरा थिएटर ग्रुप के ओर से नाटक डेजर्ट ब्लूम के मंचन होई।

तीसरका दिन भोपाल के संस्था रंग लिटिल बैले ट्रूप के ओर से नाटक रामायण (कठपुतली विधा) के प्रस्तुति होई। चउथा दिन भारतेंदु नाट्य अकादमी, लखनऊ के रंग मंडल इकाई के ओर से नाटक कर्ण गाथा के मंचन होई।

पांचवां दिन जबलपुर के संस्था रंगाभरण के ओर से स्वांग पs आधारित नाटक जस के तस के मंचन होई। महोत्सव में विलुप्त हो रहल लोक नृत्य के प्रस्तुति कइल जाई। संगही पुस्तक प्रदर्शनी लगावल जाई।

एह अवसर पs सुधा मोदी, माधवेंद्र पांडेय, ब्रजेंद्र नारायण, अनीता अग्रवाल डॉ. राकेश प्रताप सिंह, डॉ. विवेक शाही, राजवर्धन सिंह, डॉ. दीपेंद्र मोहन सिंह, डॉ. आमोद कुमार राय, डॉ. ओपी वर्मा, प्रशांत त्रिपाठी, अभिषेक मौर्य, आनंद वर्धन त्रिपाठी, आलोक श्रीवास्तव, अजीत प्रताप सिंह आदि कलाप्रेमी मौजूद रहे लो।

Read Also: Karwa Chauth 2025 Date : 09 भा 10 अक्टूबर, कब बा करवा चौथ व्रत? अभी नोट करीं सही तिथि आ सुभ मुहूर्त

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]