हेमा मालिनी-धर्मेंद्र आपन 44 वां सालगिरह के अइसे मनवले जश्न, ड्रीम गर्ल हीमैन संगे शेयर कइली खूबसूरत तस्वीर

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

    बॉलीवुड के सबसे लोकप्रिय जोड़ी में से एगो हेमा मालिनी अवुरी धर्मेंद्र के बियाह के 44वां सालगिरह बीयफ़ें के 2 मई 2024 के मनावल गईल। दिग्गज अभिनेत्री अपना 44वां सालगिरह के कुछ खूबसूरत

Share

 

 

बॉलीवुड के सबसे लोकप्रिय जोड़ी में से एगो हेमा मालिनी अवुरी धर्मेंद्र के बियाह के 44वां सालगिरह बीयफ़ें के 2 मई 2024 के मनावल गईल। दिग्गज अभिनेत्री अपना 44वां सालगिरह के कुछ खूबसूरत तस्वीर अपना पति धर्मेंद्र के संगे शेयर कईले बाड़ी जवन कि सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल होखता। बॉलीवुड के ड्रीम गर्ल अपना एक्स अकाउंट पs शेयर कईल तस्वीर में उs हीमैन के संगे फोटो खातीर पोज देत देखाई देतारी। एगो तस्वीर में लेजेंडरी जोड़ी बड़-बड़ माला पहिनले देखाई देता।

हेमा मालिनी-धर्मेन्द्र के 44 वां वर्षगांठ समारोह

‘शोले’ के अभिनेत्री हेमा मालिनी गुलाबी रंग के साड़ी, लाल बिंदी अवुरी सिंदूर में एs तस्वीर में हमेशा निहन बहुत सुंदर देखाई देतारी। लुक के पूरा करे खातिर अभिनेत्री भारी हार पहिनले रहली जबकि धर्मेंद्र डार्क पीच कलर के शर्ट पहिनले देखाई देले। एह जोड़ी के बहुते सुन्दर बंधन एह तस्वीरन में देखल जा सकेला. खाली परदा पs ना बलुक परदा से बाहर हेमा मालिनी-धर्मेंद्र के जोड़ी आजुओ दर्शकन के बीच हिट बा.

एशा देओल अपने माता-पिता के संगे मचवली धूम

हेमा मालिनी आ धर्मेन्द्र के 44वां सालगिरह पs ओह लोग के बेटी एशा देओल भी शामिल भइली। तस्वीर साझा करत हेमा लिखली कि, ‘आज घर में लिहल फोटो।’ ईशा सालगिरह समारोह के तस्वीर भी शेयर कईले बाड़ी। एकरा से पहिले एशा देओल अपना इंस्टाग्राम पs अपना माता-पिता के एगो अनदेखल तस्वीर शेयर कईले रहली अवुरी उनुका के सालगिरह के शुभकामना देले रहली। एs तस्वीर के देख के साफ होता कि पार्टी में ईशा के पूरा परिवार के संगे बहुत मजा आईल।

हेमा मालिनी-धर्मेन्द्र के परिवार

बॉलीवुड के ड्रीम गर्ल आ हीमैन के पहिला मुलाकात 1970 में भइल जब ऊ लोग अपना फिलिम ‘तुम हसीन मैं जवां’ के शूटिंग करत रहुवे. बहुत दिक्कत के बाद दुनो लोग के बियाह 1980 में हो गईल। हेमा मालिनी-धर्मेंद्र के दू गो बेटी बाड़ी, जेकर नाम ईशा देओल आ अहना देओल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.