[the_ad_group id="30365"]

Chhapra News: छपरा में दिल दहलावे वाला वारदात, घर से गायब जुवती के पेड़ पs लटकल मिलल शव

Chhapra News: छपरा में दिल दहलावे वाला वारदात, घर से गायब जुवती के पेड़ पs लटकल मिलल शव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दाउदपुर (सारण)। Chhapra News: सारण जिला के मांझी थाना क्षेत्र के मटियार आ जैतिया गांव के बीच इस्थित एगो बगीचा के पेड़ पs लटकल जुवती के शव मिलला पs सनसनी फइल गइल। मृतक के पहचान कइल जा चुकल बा।

बगइचा में घूमे गइल स्थानीय लोग शव के लटकल देखल, जवना के सूचना ऊ मांझी थाना पुलिस के दिहल लो। पुलिस मवका पs पहुंचके शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेजलस।

आशंका व्यक्त कइल जा रहल बा कि जुवती के हत्या कs के शव के पेड़ पs दुपट्टा के सहारे लटका दिहल गइल बा। पुलिस एह ममिला में मृतका के स्वजनन से पूछताछो कs रहल बिया।

मंगर के दुपहरिया से घर से गइल रहे जुवती

बतावल जा रहल बा कि जुवती मंगर के दुपहरिये से घर से गायब रहे। ओकर स्वजन खोज खातिर नात -रिश्तेदार आ आसपास के गांव में पहुंचल रहे लो। ओहिजा, स्वजनन के पेड़ पs लटकल गुनगुन के शव मिलला के बाद कोहराम मच गइल।

घर में मचल कोहराम, मां के रो-रोके बुरा हाल

जुवती के मां के रो-रोके बुरा हाल बा। ऊ रोवत-रोवत बेहोश हो जा रहल बाड़ी। एकरा के देखके आसपास के माहौलो गमगीन हो गइल बा। मृतका के स्वजन अपहरण कs के हत्या कs के शव के बगइचा में ले जाके लटकावे के आरोप लगवले बा लो। ओह लोगन के कहनाम बा कि 20 फीट ऊंच पेड़ पs हमार बेटी नइखे चढ़ सकत। केहूओ ओकर हत्या कs के शव के लटका देले बा।

मोबाइल सीडीआर से खुली राज

पुलिस जुवती के मोबाइल के सीडीआर (कॉल डिटेल रिकार्ड) से कथित हत्या के गुत्थी सुलझावे में जुटल बिया। युवती अंतिम समय मोबाइल से केकरा से बात कइले बिया। मांझी थानाध्यक्ष सह प्रशिक्षु आईपीएस सांकेत कुमार बतवलें कि पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया आ जल्दिये खुलासा हो जाई।

Read Also: Bihar News: कांग्रेस बिहार में कइलस बड़ फेरबदल, 20 जिलाध्यक्षन के बदललस; देखीं पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]