[the_ad_group id="30365"]

मोदी सरनेम केस में राहुल के याचिका पs सुनवाई: पटना HC से MP-MLA कोर्ट के आदेस को रद्द करे के मांग, 25 के बा पेशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हेट स्पीच ममिला में राहुल गांधी के याचिका पs आज पटना हाईकोर्ट में सुनवाई होई। 11 बजे के बाद एह ममिला में सुनवाई होई। राहुल हाईकोर्ट से MP-MLA कोर्ट के आदेस के रद्द करे के मांग कइले बाड़ें। प्रधानमंत्री के खिलाफ टिप्पणी के लेके MP-MLA कोर्ट राहुल गांधी के 25 अप्रिल के सशरीर कोर्ट उपस्थित होखे के कहले बा।

इहो पढ़ीं: Twitter वेरिफिकेशन चेकमार्क से जुड़ल 7 बड़ सवाल, जवन हर केहू के कर रहल बा हैरान आ परेसान

राहुल गांधी के वकील एह ममिला में त्वरित सुनवाई खातिर गुहार लगवले रहस। 25 अप्रिल के सदेह उपस्थित होखे के  ममिला के लेके राहुल गांधी के वकील पटना हाईकोर्ट में एगो याचिका लगावत कोर्ट के बतवले रहस कि सूरत कोर्ट एही केस में सजा सुना चुकल बिया। अब MP-MLA कोर्ट में सदेह  उपस्थित होखे के का मतलब बा? एहिसे ममिला के रद्द कइल जाव।

का बा पूरा ममिला?

रउआ सभे के बता दीं कि राहुल राहुल गांधी सारा मोदी के चोर बतवले रहस। लोकसभा चुनाव में कैम्पनिंग में तमिलनाडु के कोलार में भाषण के दौरान राहुल ई बयान देले रहस। एकरा के लेके अलग-अलग जगहन पs राहुल गांधी के खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल रहे।

सचिन विशेष जरूर पढ़ी: Bithday Special: जानीं सचिन के उ पांच रिकॉर्ड्स जवना के तुड़ल बा बहुते मुश्किल, अगरी-कगरी तक नइखे कवनो बल्लेबाज

एही टिप्पणी के आधार बनावत वर्तमान सांसद भाजपा नेता सुशील मोदी 2019 में पटना के निचली अदालत में शिकायत दर्ज करवले रहस। एकरा के लेके पटना सिविल कोर्ट उनका के 25 अप्रिल के सदेह उपस्थिति दर्ज करावे के निरदेस जारी कइले बा।

सूरत कोर्ट सुनवले बा 2 साल के सजा

मोदी सरनेम के लेके कइल गई टिप्पणी ममिला के लेके भाजपा नेता पूर्णेश मोदी मानहानि के ममिला दर्ज करवले रहस। जवना ममिला में 23 मार्च के गुजरात के सूरत कोर्ट राहुल गांधी के दोषी करार देत 2 साल के सजा के अलावे 15 हजार के जुर्माना लगवले रहे।

Bihar: खतरा में छपरा के मेयर राखी गुप्ता के कुर्सी, तीन संतान होखला के ममिला में चुनाव आयोग 4 मई के कइलस तलब

एह ममिला में राहुल गांधी के लोकसभा सदस्यता रद्द कs दिहल गइल रहे। ममिला मोदी सरनेम से जुड़ल होखे के कारण पटना हाईकोर्ट ई साफ कs देलस की सूरत कोर्ट आपन फैसला सुना चुकल बिया। एहिसे एक केस में दु बेर सजा नइखे हो सकत। एकरा के लेके राहुल गांधी के वकील हाईकोर्ट से समय के मांग इले रहस।

Visit Once: यायावरी वाया भोजपुरी (कथा कहानी आपन बानी)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]