रोज सुबेरे खाली पेट एगो खीरा खइले से का होई फायदा?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

कई गो अइसन चीज बा जवना के सबेरे खाए के सलाह दिहल जाला। खीरा भी ओही में से एगो हs। नाश्ता में खीरा खाइल फायदेमंद मानल जाला। कुछ लोग सबेरे खाली पेट खीरा खाला; एहसे

Share

कई गो अइसन चीज बा जवना के सबेरे खाए के सलाह दिहल जाला। खीरा भी ओही में से एगो हs। नाश्ता में खीरा खाइल फायदेमंद मानल जाला। कुछ लोग सबेरे खाली पेट खीरा खाला; एहसे पेट में गर्मी ठंडा हो जाला अवुरी पाचन से जुड़ल समस्या से राहत मिलेला। खासकर गर्मी के दिन में सबेरे खीरा खाइल बढ़िया होला।

सबेरे खाली पेट खीरा खईला से शरीर में भरपूर फाइबर मिलेला, जवन कि आंत के स्वास्थ्य खातीर निमन होखेला। सबेरे खीरा खईला से निर्जलीकरण से बचाव हो सकता। सिर्फ एक खीरा खईला से शरीर के पानी के कमी से बहुत हद ले बचावल जा सकता।

खीरा खइला से पेट तुरंत ठंडा हो जाला। जवना के चलते पाचन तंत्र मजबूत हो जाला। मतली, गैस अवुरी अपच से पीड़ित लोग के सबेरे खीरा खईला से फायदा होई। गर्मी में सबेरे खीरा जरूर खाए के चाही।
गर्मी में रोज सबेरे एक खीरा खईला से दिन भर शरीर के तापमान संतुलित रही। खीरा में 90 प्रतिशत तक पानी होखेला। एहसे शरीर प गरम हवा के असर कम हो जाई। दिन भर शरीर में पानी के कमी ना होई अवुरी शरीर के गर्मी के झटका से भी बचावल जाई।

सबेरे खीरा खईला से वजन घटावे में मदद मिली। एकरा से ब्लड प्रेशर के भी नियंत्रण कईल जा सकता। खीरा में बहुत सारा एंटीऑक्सीडेंट होखेला जवन कि फ्री रेडिकल्स के चलते होखेवाला नुकसान से बचावेला। खीरा त्वचा खातिर भी फायदेमंद होखेला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.