आंख में धूर झोंकत अपना गुप्त अड्डा पऽ लुकाइल बइठल रहे 25 हजार के इनामी, अचके में पहुंचल पुलिस तऽ उड़ गइल होश

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 15, 2024

मुकेश पऽ पुलिस अधीक्षक 25 हजार रुपिया के पुरस्कार घोषित कइले रहले। 13 अप्रैल के सतरिख थानाध्यक्ष अमर कुमार चौरसिया पुलिस टीम के साथे ग्राम मजीठा के लगे से मुकेश के गिरफ्तार कर लिहल गइल

Share

मुकेश पऽ पुलिस अधीक्षक 25 हजार रुपिया के पुरस्कार घोषित कइले रहले। 13 अप्रैल के सतरिख थानाध्यक्ष अमर कुमार चौरसिया पुलिस टीम के साथे ग्राम मजीठा के लगे से मुकेश के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा जेकरा लगे से एगो तमंचा आ कारतूसो बरामद कइल गइल। जवना पऽ डकैती हत्या के कोशिश , बलवा , चोरी आ गैंगस्टर सहित सात मुकदमा दर्ज रहे।

बाराबंकी। डकैती आ लूटपाट करे वाला गिरोह के फरार चल रहल बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। छव महीना से फरार ए आरोपी पर पुलिस अधीक्षक 25 हजार रूपिया के पुरस्कार घोषित कर के रखले रहे।

डकैतन के गिरोह के सरगना लखनऊ के सरोजनीनगर निवासी शिवम सिंह बा, जवना के साथे सुलतानपुर के हलियापुर उस्कामऊ निवासी महेंद्र सिंह, अयोध्या के थाना कुमारगंज के कुलदीप सिंह, सुलतानपुर के बल्दीराय के मझऊवा निवासी शिवम यादव शामिल बावे। ई गिरोह अंतर्जनपदीय स्तर पऽ डकैती आ चोरी आदि के वारदात करत रहे।

दस अगस्त 2023 के गिरोह अख्तियारपुर गांव के विनय कुमार के इहाँ लूटपाट कइले रहे। 31 अक्टूबर के आरोपियन के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे। जवना के जांच में गिरोह के एगो आउर बदमाश सुलतानुपर बल्दीराय के समरथपुर के निवासी मुकेश तिवारी के नाम सामने आइल रहे। तब से आरोपी फरार रहे।

मुकेश पऽ पुलिस अधीक्षक ने 25 हजार रूपिया के इनाम घोषित कइले रहले। 13 अप्रैल के सतरिख थानाध्यक्ष अमर कुमार चौरसिया  पुलिस टीम के साथे ग्राम मजीठा के लगे से मुकेश के गिरफ्तार कर लेलस, जेकरा लगे से एगो तमंचा आ कारतूसो बरामद कइल गइल बा। जेकरा पऽ डकैती, हत्या के कोशिश, बलवा, चोरी आ गैंगस्टर सहित सात मुकदमे दर्ज बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.