नवका रंग रूप में चली हटिया-गोरखपुर मौर्या एक्सप्रेस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2022

रेलवे बोर्ड के ओर से रेल यात्रियन खातिर निम्मन समाचार आइल बा। मौर्य एक्सप्रेस में पिछिलका एक हप्ता से बंद जून महीना के टिकटन के बुकिंग बुध के बिहानें से सुरू हो गइल। टिकटन के

Share

रेलवे बोर्ड के ओर से रेल यात्रियन खातिर निम्मन समाचार आइल बा। मौर्य एक्सप्रेस में पिछिलका एक हप्ता से बंद जून महीना के टिकटन के बुकिंग बुध के बिहानें से सुरू हो गइल। टिकटन के बुकिंग सुरू भइले से गरमी की छुट्टी में बिहार अउर पूर्वांचल जाए आला यात्रियन के परसानी कम होई। रेलवे एह ट्रेन के एलएचबी कोच से चलवले के घोषणा कइले बा। एलएचबी कोच जुड़ते भर में फ़र्स्ट एसी के कोचओ जुड़ जाई। एकरिये संगे मौर्य एक्सप्रेस में पहिली बेर यात्री फ़र्स्ट एसी से सफर क पइहें लोग| हालाकि धनबाद से गोरखपुर ले पहुचे खातिर फ़र्स्ट एसी के केराया 2440 रुपया चुकावे के पड़ी। गोरखपुर से आठ जून से अउर हटिया से नौ जून से मौर्य एक्सप्रेस एलएचबी कोच के संगे चली।

जानीं कौने जगही से कौने जगही ले केतना पड़ी किराया

  • धनबाद से छपरा फ़र्स्ट एसी में 1970 रुपया
  • धनबाद से बरौनी फ़र्स्ट एसी में 1175 रुपया
  • धनबाद से सिवान फ़र्स्ट एसी में 2130 रुपया
  • धनबाद से हाजीपुर फ़र्स्ट एसी में 1735 रुपया

साभार – दैनिक जागरण

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.