Haryana ED Raid: टैक्सी ड्राइवर के घर पS ED के छापा , पूरा कालोनी स्तब्ध बा, हर कोई के मुंह पs एके बात

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 3, 2024

फर्जी क्रिप्टो मुद्रा से जुड़ल मामला में ईडी शुक्रवार के हरियाणा अउरी जम्मू कश्मीर में छापामारी कइले बिया। ईडी के अधिकारी टीम के संगे सोनीपत स्थित टैक्सी चालक के आवास पS पहुंचल रहले। प्रवर्तन निदेशालय

Share

फर्जी क्रिप्टो मुद्रा से जुड़ल मामला में ईडी शुक्रवार के हरियाणा अउरी जम्मू कश्मीर में छापामारी कइले बिया। ईडी के अधिकारी टीम के संगे सोनीपत स्थित टैक्सी चालक के आवास पS पहुंचल रहले।

प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) फर्जी क्रिप्टो मुद्रा केस में देश में पहिला मामला दर्ज करवले बा। एकरा बाद शुक्रवार के ईडी टीम हरियाणा आ जम्मू कश्मीर के दु जगह पS छापामारी कइलस। एही क्रम में ईडी के अधिकारी हरियाणा के सोनीपत के मयूर विहार गली नम्बर-24 में एगो घर पs पहुंचले। ई घर कवनो व्यापारी के ना हs, बलुक गोहाना के लाठ गाँव के रहे वाला टैक्सी चालक रमेश गुलिया के हs । ए कार्रवाई के बाद इलाका में चर्चा होखता कि ईडी के अधिकारी इहाँ काहें पहुंचल रहले, जबकि रमेश गुलिया टैक्सी चालक हवे।

जानकारी के मुताबिक ईडी टीम टैक्सी चालक रमेश गुलिया के घरे डेरा डाल के पूछताछ कइलस। बतावल जाता कि रमेश गुलिया दिल्ली में टैक्सी ड्राइवर के काम करेले आ उनकर भाई विदेश में रहेले। रमेश के भाई दुबई में क्रिप्टो करंसी में काम करत रहले। हालांकि अभी तक ईडी के ओर से ए मामला में कुछूओ नइखे भइल।

आवास के बहरी तैनात पुलिस बल

शुक्रवार के रमेश के आवास के बहरी पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा, जबकि दूसरा ओर रमेश के गांव के निवासी इडी के जाए के इंतजार करतारे। रमेश के परिचित जरनैल सिंह के कहनाम बा कि सबेरे उनकर भाई उनका के बतवले रहले कि कुछ अधिकारी कई गाड़ी से इहाँ पहुंचल रहले आ जब उनका से बात भइल तs ऊ ईडी विभाग से आपन परिचय दे देले। ऊ बतवले कि रमेश गुलिया टैक्सी चालक हवे आ ऊ दिल्ली में टैक्सी चलावेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.