गुरुग्राम। राष्ट्रीय सुरक्षा आ कानून-बेवस्था के मजबूत बनावे खातिर गुरुग्राम पुलिस अवैध रूप से रह रहल बांग्लादेशी नागरिकन के पहचान करे खातिर विशेष सत्यापन अभियान तेज कs देले बिया। सोमार के रात पुलिस के अलग-अलग टीम शहर के कइयन गो इलाकन में सघन जांच अभियान चला के लोगन के पहचान पत्र आ दस्तावेज के जांच कइलस।
पुलिस उपायुक्त (पूर्व) संदीप के नेतृत्व में चलावल गइल एह अभियान के दौरान झुग्गी-झोपड़ी, किराया के मकान, कॉलोनी, औद्योगिक क्षेत्र आ होटलन में रह रहल लोगन के कागजात के जांच कइल गइल। पुलिस टीम मवका पs मवजूद लोगन से पहचान संबंधी दस्तावेज मंगवलस आ ओह लोगन के निवास संबंधी रिकॉर्ड के सत्यापन कइलस।
संदिग्ध दस्तावेज मिलला पs होई कानूनी कार्रवाई
पुलिस अधिकारियन के कहनाम बा कि जवना लोग के दस्तावेज संदिग्ध पावल जाई भा जे भारत में वैध रूप से रहला के सबूत पेश ना कs पाई, ओह लोगन के खिलाफ कानून के माेताबिक कार्रवाई कइल जाई।
हालांकि, वैध भारतीय नागरिक आ सही दस्तावेज राखे वाला बिदेसी नागरिकन के कवनो तरे के परेसानी ना होखे दिहल जाई।
मकान मालिक आ आरडब्ल्यूए से सहजोग के अपील
पुलिस नागरिकन, आरडब्ल्यूए (रेजिडेंट वेलफेयर एसोसिएशन) आ मकान मालिकन से सहजोग मंगलस। अधिकारी लोग कहल कि किरायेदार, घरेलू सहायक, कर्मचारी आ बेवसायिक प्रतिष्ठान में काम करे वाला सब लोग के पुलिस सत्यापन जरूर करावल जाय।
पुलिस के मोताबिक ई अभियान आगहूं जारी रही, ताकि शहर में रह रहल लोगन के पहचान सुनिश्चित कइल जा सके आ कानून-बेवस्था बनल रहे।








