Gyanvapi Case: ज्ञानवापी से संबंधित मामला के सुनवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2024

Gyanvapi Case: ज्ञानवापी मामला में मुख्तार अहमद अंसारी के निगरानी आवेदन पs शुक के अपर जिला न्यायाधीश 14वां देवकांत शुक्ल के अदालत में सुनवाई भइल। कोर्ट निचला अदालत के फाइल बोलवा के अगिला सुनवाई खाती

Share

Gyanvapi Case: ज्ञानवापी मामला में मुख्तार अहमद अंसारी के निगरानी आवेदन पs शुक के अपर जिला न्यायाधीश 14वां देवकांत शुक्ल के अदालत में सुनवाई भइल। कोर्ट निचला अदालत के फाइल बोलवा के अगिला सुनवाई खाती 18 अक्टूबर के तय कऽ देले बिया।

लोहता इलाका के निवासी मुख्तार अहमद अंसारी के आवेदन के सिविल जज सीनियर डिवीजन/फास्ट ट्रैक कोर्ट प्रशांत कुमार के अदालत 2 मई के खारिज कऽ दिहलस। ए आदेश के खिलाफ मुख्तार अंसारी जिला जज के अदालत में निगरानी आवेदन दायर कइले।

निगरानी आवेदन में कहल गइल कि प्राचीन ज्योतिर्लिंग आदि विश्वेश्वर के मूल मामला में मुख्तार अहमद अंसारी के पक्षकार बने के आवेदन के निचला अदालत खारिज क देले बिया। एह मामला में उनका के पार्टी बनावल जरूरी बा।

 ज्ञानवापी से जुडल मामला के सुनवाई आज

ज्ञानवापी से जुड़ल मामिला के सुनवाई शनिचर के दिने जिला जज संजीव पाण्डेय का अदालत में होखे वाला बा। एमें माँ श्रृंगार गौरी के मूल मुकदमा आ राखी सिंह के ज्ञानवापी में सर्वेक्षण करावे के आवेदन आ अउरी आवेदन शामिल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.