[the_ad_group id="30365"]

Greater Noida : ग्रेटर नोएडा के एल्डिको सोसायटी में जहरीला गैस से दु लोग के मौत, STP टैंक साफ करत घुटल दम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। ग्रेटर नोएडा के सेक्टर-150 इस्थित एल्डिको सोसायटी में सनिचर के रात एगो दर्दनाक हादसा भइल। एसटीपी (सीवेज ट्रीटमेंट प्लांट) टैंक के सफाई के दौरान जहरीला गैस के चपेट में अइला से दूगो आदमी के मौत हो गइल। हादसा के बाद सोसायटी में अफरा-तफरी मच गइल, जबकि पुलिस आ फायर सर्विस के टीम मवका पs पहुंचके राहत-बचाव अभियान चलवलस।

जानकारी के मोताबिक, राजस्थान के करौली जिला निवासी शशिकांत शर्मा (40 साल) एसटीपी टैंक के सफाई करत रहलें। सफाई के दौरान टैंक में भरल जहरीला गैस के असर से उनकर दम घुटे लागल आ ऊ बेहोश होके टैंक में गिर पड़लें।

बचावे उतरल सिक्योरिटी गार्ड गंवा बइठल जान

शशिकांत के बेहोश देखके सोसायटी के सिक्योरिटी गार्ड आकाश, जे उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला के इटहारी गांव के निवासी रहलें, बिना देर कइले टैंक में उतरलें। बाकिर जहरीला गैस के चपेट में ऊहो आ गइलें आ कुछे देर में बेहोश हो गइलें। एह हादसा में बचावे गइल गार्डो के जान ना बच सकल।

पुलिस आ फायर टीम निकललस बाहर

घटना के सूचना मिलते नॉलेज पार्क कोतवाली पुलिस आ फायर सर्विस के टीम तत्काल घटनास्थल पs पहुंचल। कड़ा मशक्कत के बाद दुनु आदमी के टैंक से बाहर निकालल गइल आ इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल। हालांकि अस्पताल में डॉक्टर दुनु के जांच के बाद मृत घोषित कs देलें।

पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल शव

पुलिस दुनु शव के कब्जा में लेके पंचनामा भरलस आ पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। अधिकारी बतवलें बा लोग कि हादसा के सही कारण के जांच कइल जा रहल बा। एहू बात के पता लगावल जा रहल बा कि एसटीपी टैंक में उतरला से पहिले सुरक्षा मानक के पालन भइल रहे कि ना।

Read Also: IND vs ZIM : जिम्बाब्वे के सूपड़ा साफ करे उतरी भारत, रिंकू सिंह के जगह सूर्यांश शेडगे के मिल सकेला मवका

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]