Jammu : पुलिस आ SIA के अंग्रेजी अखबार के दफ्तर पs छापा, AK-47, पिस्टल के गोली आ ग्रेनेड के लीवर बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2025

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर पुलिस के स्टेट इन्वेस्टिगेशन एजेंसी (SIA) जम्मू में एगो अंग्रेजी अखबार के दफ्तर पs छापामारी कइले बा। अखबार पs आरोप बा कि ऊ देस विरोधी गतिविधियन में सामिल बा, देस के खिलाफ नफरत

Share

Jammu SIA raid at newspaper office, AK-47 rounds and grenade lever recovered during investigation in Jammu and Kashmir

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर पुलिस के स्टेट इन्वेस्टिगेशन एजेंसी (SIA) जम्मू में एगो अंग्रेजी अखबार के दफ्तर पs छापामारी कइले बा। अखबार पs आरोप बा कि ऊ देस विरोधी गतिविधियन में सामिल बा, देस के खिलाफ नफरत फइलावत बा आ देस के संप्रभुता के खतरा पहुंचा रहल बा। SIA के दर्ज एफआईआर में अंग्रेजी अखबार कश्मीर टाइम्स के एडिटर के नामो सामिल बा, जेकरा से लिंक्स आ गतिविधियन के बारे में पूछताछ हो सकेला।

सूत्र बतावल लोग कि SIA के छापेमारी में जम्मू इस्थित कश्मीर टाइम्स के ऑफिस से AK-47 आ पिस्तौल के कुछ राउंड गोली, संगही ग्रेनेड के एगो लीवर बरामद भइल बा।

जम्मू-कश्मीर पुलिस के SIA बियफे के दिन देस विरोधी गतिविधियन के बढ़ावा देवे के आरोप में कश्मीर टाइम्स के ऑफिस पs छापा मरलस। एगो अधिकारी बतवलें कि अखबार पs “देस के हितन के खिलाफ एक्टिविटीज के महिमामंडन” करे खातिर केस दर्ज कइल गइल बा।

अधिकारियन के मोताबिक SIA के टीम अखबार के दफ्तर, कंप्यूटर आ पूरा पब्लिकेशन सिस्टम के बारीकी से तलाशी लेलस। पब्लिकेशन आ ओकरा प्रमोटर्स के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल बा आ जल्दिये पूछताछो हो सकेला।

श्रीनगर, अनंतनाग आ कुलगाम में भी छापेमारी

दिल्ली ब्लास्ट के घटना के बाद जम्मू-कश्मीर में आतंकवाद के खिलाफ सुरक्षा एजेंसियन के कार्रवाई तेज हो गइल बा। दु दिन पहिले काउंटर इंटेलिजेंस कश्मीर (CIK) एगो बड़ आतंकवादी साजिश के ममिला में कार्रवाई कइलस। श्रीनगर, अनंतनाग आ कुलगाम जिला में बड़ पैमाना पs छापामारी भइल बा।

सूत्र से मिलल जानकारी के अनुसार, श्रीनगर के शिरीन बाग इस्थित सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल में छापेमारी कइल गइल। CIK आतंकवाद में सामिल लोग, आतंकवादियन के महिमामंडन करे वाला आ आतंकवादी संगठन में भर्ती खातिर कट्टरपंथ फइलावे वाला लोग के खिलाफ दर्ज नया केस में तलाशी करत रहे। एह तलाशी खातिर कोर्ट से बाकायदा सर्च वारंट लिहल गइल रहे।

Read Also: World Boxing Cup Finals : भारत गोल्ड के हैट्रिक लगवलस, मीनाक्षी, प्रीती आ अरुंधती के ‘गोल्डन पंच’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.