पश्चिम बंगाल: राज्यपाल नाहीं सुनली सीएम ममता के अपील, हिंसा से प्रभावित मुर्शिदाबाद पहुचली

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 18, 2025

पश्चिम बंगाल के गवर्नर सीवी आनंद बोस हिंसा प्रभावित इलाकन के दौरा कइलन. मुर्शिदाबाद में भईल हिंसा से प्रभावित लोग से मुलाकात कईले अवुरी ओ लोग के दर्द सुनले। एकरा से पहिले पश्चिम बंगाल भाजपा

Share

पश्चिम बंगाल के गवर्नर सीवी आनंद बोस हिंसा प्रभावित इलाकन के दौरा कइलन. मुर्शिदाबाद में भईल हिंसा से प्रभावित लोग से मुलाकात कईले अवुरी ओ लोग के दर्द सुनले। एकरा से पहिले पश्चिम बंगाल भाजपा अध्यक्ष सुकांत मजुमदार हिंसा पीड़ित के एगो समूह के संगे राजभवन पहुंचले। इहाँ पीड़ित लोग राज्यपाल के सोझा आपन पीड़ा जतवले। पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद में 11 आ 12 अप्रैल के नयका वक्फ कानून के विरोध के दौरान सूती, धुलियान आ जंगीपुर आ अउरी इलाकन में हिंसा भड़कल रहुवे जवना में नाहियो तs तीन लोग के मउत हो गइल रहुवे. 

घटना के बाद पश्चिम बंगाल पुलिस 9 सदस्यीय टीम बना के हिंसा के कारण के जांच कईलस। एही बीच ममता बनर्जी केंद्र सरकार के जिम्मेदार ठहरवली जबकि विपक्षी दल एs हिंसा खातीर ममता के जिम्मेदार ठहरवले।

राज्यपाल बेघर परिवारन से भेंट कइलन

17 अप्रैल (बियफ़ें) के पश्चिम बंगाल भाजपा अध्यक्ष सुकांत मजुमदार बियफ़ें के राजभवन पहुंचले। एह दौरान मुर्शिदाबाद के दंगा में बेघर हो गईल लोग के एगो समूह भी उनुका संगे रहे। एह दौरान उनुकर मुलाकात राज्यपाल सीवी आनंद बोस से भईल अवुरी दंगा में बेघर भईल लोग सीवी आनंद बोस के आपन दुर्दशा बतवले। संगही प्रभावित लोग राज्यपाल से आपन नौकरी, आर्थिक मुआवजा अवुरी सुरक्षा खातीर स्थायी केंद्रीय बल के व्यवस्था सुनिश्चित करे के निहोरा कईले। 

हिंसा कईसे भड़कल?

मुर्शिदाबाद हिंसा के लेके राज्य सरकार कलकत्ता हाईकोर्ट में हलफनामा दाखिल कईले बिया कि हिंसा के दिन करीब 10 हजार लोग के भीड़ जुटल रहे। भीड़ पुलिसकर्मी के पिस्तौल भी छीन लिहलस। उन्मादी भीड़ में करीब 10 लोग घातक हथियार लेके चलत रहले, जवना से पुलिस के अपना अधिकारी के बचावे के पड़ी। पहिले बाहर पीडब्ल्यूडी मैदान में लगभग 8000-10000 लोग के भीड़ जुटल रहे। एकरा बाद भीड़ के एगो हिस्सा अलग हो गईल। करीब 5000 लोग उमरपुर के ओर बढ़ के राष्ट्रीय राजमार्ग के जाम कs देले। कुछ देर में भीड़ बेकाबू होके पुलिसकर्मी पs ईंट-पत्थर चलावे लागल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.