MEA: भारत कनाडा से वापस बोलाई उच्चायुक्त; निज्जर ममिला में कनाडा के बयान पs सरकार सख्त

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

भारत सरकार उच्चायुक्त आउर राजनयिकन आ अधिकारियन के कनाडा से वापस बोलावे के फैसला कइले बा। बिदेस मंत्रालय एह बारे में बयानो जारी कs देले बा। बिदेश मंत्रालय बतवलस कि उग्रवाद आ हिंसा के माहौल

Share

एस जयशंकर - फोटो : एक्स/जयशंकर

भारत सरकार उच्चायुक्त आउर राजनयिकन आ अधिकारियन के कनाडा से वापस बोलावे के फैसला कइले बा। बिदेस मंत्रालय एह बारे में बयानो जारी कs देले बा। बिदेश मंत्रालय बतवलस कि उग्रवाद आ हिंसा के माहौल में ट्रूडो सरकार के काम भारत के अधिकारियन के सुरक्षा के खतरा में डाल देले बा। हमनी के वर्तमान कनाडा सरकार के प्रतिबद्धता पs कवनो भरोसा नइखे। एहिसे भारत सरकार उच्चायुक्त, आउर राजनयिकन आ अधिकारियन के वापस बोलावे के निर्णय लेले बा।

एकरा पहिले बिदेश मंत्रालय कनाडा के उच्चायुक्त के तलब कइले रहे। बतावल जा रहल बा कि कनाडा के उच्चायुक्त से कनाडाई सरकार के रुख के लेके जानकारी तलब कइल गइल बा। सोमार के कनाडा के उच्चायुक्त स्टीवर्ट व्हीलर बिदेस मंत्रालय से रवाना भइलें। ऊ कहलें कि कनाडा भारत सरकार के एजेंटन आ कनाडा में एगो कनाडाई नागरिक के हत्या के बीच संबंधन के लेके विश्वसनीय सबूत उपलब्ध करवले बा। अब भारत खातिर समय आ गइल बा कि ऊ जवन कहेला ओकरा पs खरा उतरे आ सब आरोपन पs गौर करे। एकरा तह तक गइल दुनो देसन आ ओकरा लोगन के हित में बा। कनाडा भारत के संगे सहजोग करे खातिर तइयार बा।

ई बा ममिला

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिस त्रूदो लगातार भारत पs खालिस्तानी आतंकी हरदीप सिंह निज्जर के हत्या के ममिला पs आरोप लगा रहल बाड़ें। दरअसल, निज्जर के पिछिला जून में ब्रिटिश कोलंबिया के सरे में गोली मारके हत्या कs दी गई थी। कुछ मीडिया खबरन में निज्जर के हत्या में भारतीय एजेंटन के सामिल होखे के आरोप लगावल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.