सरकारी दवाइयन में अब होई बार कोड, स्कैन करते पता चली एक्सपायरी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

अब बिहार के सरकारी अस्पताल में मरीज के दिहल दवाई प बारकोड लागी। एकरा संगे दवाई के एक्सपायरी डेट के बारे में आसानी से पता चल जाई। स्वास्थ्य विभाग दवाई के गुणवत्ता सुनिश्चित करे खातिर

Share

Medicine

अब बिहार के सरकारी अस्पताल में मरीज के दिहल दवाई प बारकोड लागी। एकरा संगे दवाई के एक्सपायरी डेट के बारे में आसानी से पता चल जाई। स्वास्थ्य विभाग दवाई के गुणवत्ता सुनिश्चित करे खातिर ई फैसला कइले बा। मरीज बारकोड स्कैन कऽ के दवाई के एक्सपायरी डेट देख सकेले। सरकारी सामान में दवाई के पैक के संगे-संगे दवाई पट्टी के चारो कोना पs बार कोड उपलब्ध होई।

बिहार के सरकारी अस्पताल में मरीज के दिहल जाए वाला छह सौ से जादे प्रकार के दवाई के आवे वाला दिन में बार कोड होई। जवना के संगे दवाई के एक्सपायरी कब होई इ जानल आसान हो जाई।

दवाई के गुणवत्ता के लेके स्वास्थ्य विभाग स्तर पs भइल उच्च स्तरीय बइठक में एह संबंध में फैसला लिहल गइल। सरकार एह फैसला के पालन के जिम्मेवारी बिहार स्वास्थ्य सेवा बुनियादी ढांचा निगम (बीएमएसआईसीएल) के सौंप देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.