Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NDA के सत्ता में आवते नीतीश कुमार बिहार में कइले स्वास्थ्य से जुड़ल बड़हन एलान, अब मरीजन के एह काम खातिर मिली 18 हजार के महीना 

बिहार में एनडीए सरकार बनते राज्य सरकार एगो बड़ घोषणा कs देले बिया। अब किडनी ट्रांसप्लांट करावे वाला रोगियन के सरकार दवाई खातिर 18 हजार के महीना दी। सरकार एकरा से संबंधित आवेदन पs मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोष से दू लाख 16 हजार अनुदान के स्वीकृति देले बिया। स्वास्थ्य विभाग के मोताबिक साल 2018-19 में राज्य में 247 मरीज किडनी ट्रांसप्लांट करवले बा लो।

568

राज्य में गरीब मरीजन के किडनी ट्रांसप्लांट खातिर मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस से तीन लाख के अनुदान दिहल जाला। मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस के फायदा उऽ मरीजन के मिलेला, जवना लोग के सलाना आय आढाई लाख रूपिया से कम होखे। सरकारी सहायता मिलला के बाद अइसन गरीब मरीजन के किडनी ट्रांसप्लांट तs हो जाला बाकिर पइसा के अभाव में उऽ लोग नियमित दवा के सेवन ना कसे पावे।

जानकरन के माध्यम जरुरी दवाइयन के सूची कइल गइल बा तइयार 

बाजार के मोलऽ के आधार प देखल गइल बा कि हर रोगी के हर महीना 18 हजार के दवा के जरूरत पड़ेला। एही चीज के देखऽ के ई अनुदान देबे के सरकार फैसला कइले बिया। सरकार जूटावल विवरन आ ओसे संबंधित आवेदन पऽ मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोष से दू लाख 16 हजार अनुदान के स्वीकृति देले बिया।

स्वास्थ्य विभाग के मोताबिक 2018-19 में राज्य में 247 मरीज किडनी ट्रांसप्लांट करवले बा लो। 2019-20 में 238 मरीज आ 2020-21 में 141 मरीजन के किडनी के सफल ट्रांसप्लांट भइल। हर साल लगभग 210 मरीजन के किडनी के ट्रांसप्लांट बिहार मे होला।

727920cookie-checkNDA के सत्ता में आवते नीतीश कुमार बिहार में कइले स्वास्थ्य से जुड़ल बड़हन एलान, अब मरीजन के एह काम खातिर मिली 18 हजार के महीना 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.