NDA के सत्ता में आवते नीतीश कुमार बिहार में कइले स्वास्थ्य से जुड़ल बड़हन एलान, अब मरीजन के एह काम खातिर मिली 18 हजार के महीना 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2024

राज्य में गरीब मरीजन के किडनी ट्रांसप्लांट खातिर मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस से तीन लाख के अनुदान दिहल जाला। मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस के फायदा उऽ मरीजन के मिलेला, जवना लोग के सलाना आय आढाई

Share

राज्य में गरीब मरीजन के किडनी ट्रांसप्लांट खातिर मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस से तीन लाख के अनुदान दिहल जाला। मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोस के फायदा उऽ मरीजन के मिलेला, जवना लोग के सलाना आय आढाई लाख रूपिया से कम होखे। सरकारी सहायता मिलला के बाद अइसन गरीब मरीजन के किडनी ट्रांसप्लांट तs हो जाला बाकिर पइसा के अभाव में उऽ लोग नियमित दवा के सेवन ना कसे पावे।

जानकरन के माध्यम जरुरी दवाइयन के सूची कइल गइल बा तइयार 

बाजार के मोलऽ के आधार प देखल गइल बा कि हर रोगी के हर महीना 18 हजार के दवा के जरूरत पड़ेला। एही चीज के देखऽ के ई अनुदान देबे के सरकार फैसला कइले बिया। सरकार जूटावल विवरन आ ओसे संबंधित आवेदन पऽ मुख्यमंत्री चिकित्सा सहायता कोष से दू लाख 16 हजार अनुदान के स्वीकृति देले बिया।

स्वास्थ्य विभाग के मोताबिक 2018-19 में राज्य में 247 मरीज किडनी ट्रांसप्लांट करवले बा लो। 2019-20 में 238 मरीज आ 2020-21 में 141 मरीजन के किडनी के सफल ट्रांसप्लांट भइल। हर साल लगभग 210 मरीजन के किडनी के ट्रांसप्लांट बिहार मे होला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.