Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: मंदिर पs अवैध कब्जा कs के चलत रहे रेस्टोरेन्ट, चेतावनी के बादो बेखोफ रहले दबंग, चलल बुलडोजर

196

गोरखपुर में ‘बाबा के बुलडोजर’ कहर बरपा रहल बा। अपराधियन आ माफिया के संगे-संगे दबंगन कावर से कइल गइल अवैध जमीन आ संपत्ति के मटियामेट कइल जा रहल बा। हैरानी के बात ई बा कि विश्व के सबसे लमहर प्लेटफार्म (WORLD LARGEST RAILWAY PLATFORM) खातिर दुनिया में पहचान राखे आला गोरखपुर रेलवे स्टेशन (GORAKHPUR RAILWAY STATION) के ठीक सोझा शिव मंदिर पs कब्जा कs के बरिसन से रेस्टोरेन्ट चलावल जा रहल बा।

दबंगन के बुलडोजर के तनिको खौफ नइखे। अतिक्रमण अभियान के जानकारी होखला के बादो रेस्टोरेन्ट के हटावल ना गइल। मंदिर के दूनो गेट के बीचे में रेस्टोरेन्ट (ढाबा) खोल दिहल गइल। एकरा संगही मंदिर के स्टोर बना दिहल गइल।

कब तक चली अभियान

गोरखपुर में दु अप्रिल से अतिक्रमण के लेके अभियान चल रहल बा। ई अतिक्रमण अभियान दु अप्रिल से 30 अप्रिल ले शहर के अलग-अलग जगे पs चली। इहां गोरखपुर रेलवे स्टेशन आ बस स्टेशन पs अवैध अतिक्रमण के अभियान चल रहल बा। जइसही अतिक्रमण दस्ता एसपी यातायात डॉ॰ एमपी सिंह, अतिक्रमण दस्ता के प्रभारी कर्नल सीपी सिंह आ पुलिस के जवानन के संगे नगर निगम के कर्मचारी बुलडोजर लेके पहुंचले, तs मंदिर आ ओकर गेट के बन कs के बनावल गइल रेस्टोरेन्ट के देखके दंग रह गइल।

बेखौफ रहले दबंग 

‘बाबा के बुलडोजर’ दबंगन द्वारा कब्जा कइल गइल मंदिर के सोझा अवैध अतिक्रमण के ध्वस्त कs देलस। तनी देर ला ऊहां पs अफरा-तफरी मंच गइल रहे। एकरा बाद अतिक्रमण दस्ता के संगे मवजूद लोग दबंगन के चेतावनी दिहल। लाउडस्पीकर से कवनो तरे के अवैध अतिक्रमण के जल्द से जल्द हटा लेवे ला वार्निंग दियात रहे। बाकिर, दबंगन के कान पs जूं तक ना रेंगत रहे।
का बोलल पुलिस

अतिक्रमण दस्ता के प्रभारी कर्नल सीपी सिंह बतवले कि शिव मंदिर पs अवैध कब्जा कs के बरिसन से रेस्टोरेन्ट चलावल जात रहे। अब ओह कब्जा के हटा दिहल गइल बा। अइसन नइखे कि ऊ फेर से अतिक्रमण कs के मंदिर पs कब्जा कs ली लो। एकरा खातिर चौकी इंचार्ज के निरदेस दिहल गइल बा। मंदिर पs अवैध कब्जा कइल गलत बा। इहां पs ई अभियान लगातार चलत रही। कवनो अवैध रूप से कब्जा आ अतिक्रमण ना करे दियाई।

एसपी ट्रेफिक डॉ॰ एमपी सिंह बतवले कि नगर निगम आ यातायात पुलिस के संगे कर्मचारियो अभियान में लागल बा लो। अतिक्रमण के ई विशेष अभियान 30 अप्रिल तक महानगर के अलग-अलग एरिया में चली।

साभार- abp लाइव

238230cookie-checkGorakhpur: मंदिर पs अवैध कब्जा कs के चलत रहे रेस्टोरेन्ट, चेतावनी के बादो बेखोफ रहले दबंग, चलल बुलडोजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.