गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के राजनीति विज्ञान विभाग द्वारा पुरातन छात्र परिषद सम्मेलन आज अतवार के आयोजित होई। विश्वविद्यालय के शिक्षा संकाय परिसर इस्थित महायोगी गुरु गोरक्षनाथ शोधपीठ में आयोजित एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन होइहें।
सबेरे 10 बजे से सुरू होके कार्यक्रम दूपहरिया दू बजे तक चली। कार्यक्रम के दौरान डॉ. अमित कुमार उपाध्याय द्वारा भजन, आवे वाला अतिथियन आ गणमान्य व्यक्तियन के सम्मान, पुरातन छात्र परिषद के अध्यक्ष प्रो. ममता मणि त्रिपाठी द्वारा स्वागत भाषण होई।
एकरा बाद मुख्य अतिथि कुलपति प्रो. पूनम टंडन आपन विशेष वक्तव्य पुरातन छात्रन के सोझा प्रस्तुत करिहें। कुलपति के वक्तव्य के बाद पुरातन छात्र परिषद के सदस्यन के प्रस्तुति होई। अंत में विभागाध्यक्ष प्रो. रजनीकांत पांडेय के संबोधन आ धन्यवाद ज्ञापन के संगे पुरातन छात्र सम्मेलन के समापन होई।
एह पुरातन छात्र परिषद सम्मेलन में देस-दुनिया के अलग-अलग हिस्सन आ कइयन गो क्षेत्रन में विश्विद्यालय के नाम रौशन कs रहल कइयन गाे पुरातन छात्र-छात्रा सम्मिलित होई लोग।
Read Also: Telangana : के कविता बनवली नया पार्टी टीआरएस, पिता केसीआर के बीआरएस के दी टक्कर








