[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur University VC Appointment : गोरखपुर विश्वविद्यालय के मिलल नया कुलपति, प्रो. केपी सिंह संभरिहे कमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के नया कुलपति मिल गइल बा। उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आ कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल ज्योतिबा फुले रुहेलखंड विश्वविद्यालय, बरेली के पूर्व कुलपति प्रो. कृष्ण पाल सिंह के गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति नियुक्त कइले बाड़ी।

राजभवन के ओर से जारी आदेस में कहल गइल बा कि ई नियुक्ति कार्यभार ग्रहण कइला के तिथि से तीन बरिस के अवधि खातिर प्रभावी होई। कुलाधिपति उत्तर प्रदेश राज्य विश्वविद्यालय अधिनियम, 1973 के धारा-12 के उपधारा-1 के तहत प्रदत्त शक्तियन के प्रयोग करत ई नियुक्ति कइले बाड़ी।

प्रो. सिंह वर्तमान में गोविंद बल्लभ पंत कृषि आ प्रौद्योगिक विश्वविद्यालय, पंतनगर, उत्तराखंड में प्रोफेसर के पद पऽ कार्यरत बाड़ें। उ एकरा से पहिले रुहेलखंड विश्वविद्यालय, बरेली के कुलपति के जिम्मेदारी संभार चुकल बाडें। उनकर नियुक्ति से गोरखपुर विश्वविद्यालय में पिछिला कुछ समय से चल रहल नेतृत्व के इंतजार खतम हो गइल बा।

Read Also: Glacier Lakes : ग्लेशियर पिघले से बनल 9 झील खतरनाक, नेपाल जइसन मचा सकेला बड़ तबाही, IIT के स्टडी में बड़ खुलासा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]