गोरखपुर विश्वविद्यालय के टलल परिच्छा : जानीं, का बा अगिला डेट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2022

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय अउर ओसे सम्बद्ध् महाविद्यालयन में सेमेस्टर प्रनाली के तहत 24 फरवरी से सुरू होखे आला परीक्षा के आगे बढ़ा देहल गइल बा। ई परीक्षा अब 28 फरवरी से शुरू होई। विश्वविद्यालय

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय अउर ओसे सम्बद्ध् महाविद्यालयन में सेमेस्टर प्रनाली के तहत 24 फरवरी से सुरू होखे आला परीक्षा के आगे बढ़ा देहल गइल बा। ई परीक्षा अब 28 फरवरी से शुरू होई। विश्वविद्यालय के परीक्षा नियंत्रक डा. अमरेंद्र कुमार सिंह कहनें कि परीक्षा के संसोधित समय-सारनी जल्दिए जारी कइल जाई। 24 फरवरी से बीबीए, बीसीए, बीएससी (कृषि) तिसरा अउर पचवा सेमेस्टर, बीबीए, बीएस पहिला सेमेस्टर, एमएससी, एमकाम, एमबीए तिसरा सेमेस्टर अउर एमएससी, एमकाम, एमबीए, एमएड पहिला सेमेस्टर के परीक्षा होखे के रहल। अब ए सबी बिसय के परिच्छा 28 फरवरी से होई।

एमए हिंदी द्वितीय सेमेस्टर की कक्षाएं शुरू

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग में एमए दुसरा सेमेस्टर के कक्षा  22 फरवरी से चलल सुरु हो गइल बा। विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक त्यागी बतवनें कि विभाग के नोटिस बोर्ड पs कक्षा के समय सारिणी चिपका देहल गइल बा।

 

साभार – दैनिक जागरण

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.