Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के टलल परिच्छा : जानीं, का बा अगिला डेट

गोरखपुर विश्वविद्यालय में 24 फरवरी से सुरू होखे आला परीक्षा अब 28 फरवरी से होई। परीक्षा के जगहिओ में बदलाव कइल गइल बा

219

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय अउर ओसे सम्बद्ध् महाविद्यालयन में सेमेस्टर प्रनाली के तहत 24 फरवरी से सुरू होखे आला परीक्षा के आगे बढ़ा देहल गइल बा। ई परीक्षा अब 28 फरवरी से शुरू होई। विश्वविद्यालय के परीक्षा नियंत्रक डा. अमरेंद्र कुमार सिंह कहनें कि परीक्षा के संसोधित समय-सारनी जल्दिए जारी कइल जाई। 24 फरवरी से बीबीए, बीसीए, बीएससी (कृषि) तिसरा अउर पचवा सेमेस्टर, बीबीए, बीएस पहिला सेमेस्टर, एमएससी, एमकाम, एमबीए तिसरा सेमेस्टर अउर एमएससी, एमकाम, एमबीए, एमएड पहिला सेमेस्टर के परीक्षा होखे के रहल। अब ए सबी बिसय के परिच्छा 28 फरवरी से होई।

एमए हिंदी द्वितीय सेमेस्टर की कक्षाएं शुरू

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग में एमए दुसरा सेमेस्टर के कक्षा  22 फरवरी से चलल सुरु हो गइल बा। विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक त्यागी बतवनें कि विभाग के नोटिस बोर्ड पs कक्षा के समय सारिणी चिपका देहल गइल बा।

 

साभार – दैनिक जागरण

221110cookie-checkगोरखपुर विश्वविद्यालय के टलल परिच्छा : जानीं, का बा अगिला डेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.