Gorakhpur Fire News : गोरखपुर सेल टैक्स भवन में भीषण आग, पूरा दफ्तर जर के राख 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2026

गोरखपुर। तारामंडल लगे इस्थित सेल टैक्स बिल्डिंग में सुक के देर रात भीषण आग लाग गइल। आग के चपेट में आके पहिला मंजिल पs इस्थित सेल टैक्स कार्यालय पूरा तरे जर के खाक हो गइल।

Share

Massive fire broke out at Sales Tax office building near Taramandal in Gorakhpur

गोरखपुर। तारामंडल लगे इस्थित सेल टैक्स बिल्डिंग में सुक के देर रात भीषण आग लाग गइल। आग के चपेट में आके पहिला मंजिल पs इस्थित सेल टैक्स कार्यालय पूरा तरे जर के खाक हो गइल। सुरुआती जांच में आग लगला के कारण शॉर्ट सर्किट बतावल जा रहल बा। राहत के बात ई बा कि घटना के समय दफ्तर बंद रहे, एकरा से कवनो तरे के जान-माल के नुकसान ना भइल।

रात करीब 1:45 बजे भवन के पहिला मंजिल से धुआं के घन गुबार आ आग के तेज लपट उठत देखल गइल। कुछे देर में आग भयानक रूप ले लेलस। लपट देख के आसपास के लोगन में अफरा-तफरी मच गइल आ तुरंत अग्निशमन विभाग आ रामगढ़ताल थाना पुलिस के सूचना दिहल गइल।

सूचना मिलतही फायर ब्रिगेड के कइयन गो गाड़ी मवका पs पहुंच गइल। पुलिसो तुरंत पहुंच के इलाका सुरक्षित कइलस आ आवागमन पs रोक लगा देलस। अग्निशमन कर्मियन के करीब 45 मिनट के कड़ा मशक्कत के बाद आग पs काबू पावे में सफलता मिलल। तब तक दफ्तर में रखल फर्नीचर, कंप्यूटर, जरूरी फाइल, महत्वपूर्ण कागजात आ बाकी सामान पूरा तरे से जल चुकल रहल।

आग के खबर मिलतही विभागीय अधिकारी घटनास्थल पs पहुंच के हालात के जायजा लेलें। आग से भइल नुकसान के आकलन कइल जा रहल बा। अधिकारी लोगन के कहनाम बा कि पूरा जांच के बादे आग लगला के सही कारण के पुष्टि हो पाई।

रामगढ़ताल थाना प्रभारी नितिन रघुनाथ बतवलें कि सुरुआती जांच में शॉर्ट सर्किट से आग लगला के आशंका बा। समय रहते आग पs काबू पा लिहल गइल, एकरा से आग नीचे के मंजिल तक फइल सकला से बच गइल।

Read Also: World Book Fair 2026 : सेना के शौर्य गाथा से सजल दुनिया के सबसे बड़ किताब मेला, आज सबेरे 11 बजे उद्घाटन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.