गोरखपुर-साबरमती एक्सप्रेस ट्रेन अब थावे से चली, रेलवे टाइमिंग के संगे जारी कइलस रूट चार्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2025

गोपालगंज। गोरखपुर रेलवे स्टेशन (Gorakhpur Railway Station) पs ओल्ड पिट लाइन संख्या एक आ दु पs पुनर्निर्माण कार्य होखला के कारण गोरखपुर-साबरमती-गोरखपुर एक्सप्रेस ट्रेन के अस्थायी विस्तार थावे जंक्शन तक कइल गइल बा। आठ दिसंबर

Share

गोपालगंज। गोरखपुर रेलवे स्टेशन (Gorakhpur Railway Station) पs ओल्ड पिट लाइन संख्या एक आ दु पs पुनर्निर्माण कार्य होखला के कारण गोरखपुर-साबरमती-गोरखपुर एक्सप्रेस ट्रेन के अस्थायी विस्तार थावे जंक्शन तक कइल गइल बा। आठ दिसंबर तक एकर परिचालन सप्ताह में दु दिन होई। एकर अधिसूचना जारी कs दिहल गइल बा। थावे जंक्शन से साबरमती जंक्शन के दूरी 1705 किलोमीटर बा।

वाराणसी रेलमंडल के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि 19 जून से छव दिसंबर तक 19409 साबरमती-थावे एक्सप्रेस ट्रेन हर बियफे आ सनिचर के साबरमती से होई।

ट्रेन के टाइमिंग (अप आ डाउन)

साबरमती से 10:35 बजे चली आ दूसरका दिन गोरखपुर 16:50, कप्तानगंज 18:05, पडरौना 18:42 बजे, तमकुहीरोड 19:20 बजे आ थावे जंक्शन रात के 8:30 बजे पहुंची।

वापसी में 21 जून से आठ दिसंबर तक 19410 थावे-साबरमती एक्सप्रेस ट्रेन हर सोमार आ सनीचर के थावे से चली। थावे से एक बजे चली आ तमकुही रोड 1:43 बजे, पड़रौना 2:30 बजे, कप्तानगंज 3:30 बजे, गोरखपुर 4:45 बजे आ दूसरका दिन 9:55 बजे साबरमती पहुंची।

कहां-कहां रुकी ट्रेन?

एह ट्रेन के ठहराव खलीलाबाद, बस्ती, बभनान, गोंडा, बाराबंकी, लखनऊ, कानपुर सेंट्रल, कानपुर अनवरगंज,बिल्हौर, कन्नाैज, फर्रुखाबाद, गंजडुंडवारा, कासगंज, सिकंदराराऊ, हाथरस सिटी, मथुरा जंक्शन, भरतपुर, बांदीकुई, दौसा, गांधीनगर जयपुर, जयपुर, किशनगढ़, अजमेर, फालना, आबू रोड, पालनपुर आ महेसाणा रेलवे स्टेशनन पs होई।

Read Also: WTC Final: डब्ल्यूटीसी फाइनल के मेजबानी के भारत के उम्मीदन के लागी झटका? ICC-इंग्लैंड में हो सकत बा ई करार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.