Gorakhpur News: विश्वविद्यालय में नौकरी के नांव पऽ दु भाइयन से चार लाख के ठगी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

गोरखपुर: रामगढ़ताल इलाका के दू गो चचेरा भाई के गोरखपुर विश्वविद्यालय में नौकरी करावे के नांव पs चार लाख रुपिया के ठगी कइल गइल। एही तरे शाहपुर आ बड़हलगंज थाना में भी जालसाजी के मामला

Share

गोरखपुर: रामगढ़ताल इलाका के दू गो चचेरा भाई के गोरखपुर विश्वविद्यालय में नौकरी करावे के नांव पs चार लाख रुपिया के ठगी कइल गइल। एही तरे शाहपुर आ बड़हलगंज थाना में भी जालसाजी के मामला सोझा आइल बा। पुलिस एतवार के तीनों मामला में धोखाधड़ी के मामला दर्ज कऽ के जांच करतिया।

पहिला मामला रामगढ़ताल थाना क्षेत्र के बा। एमें कज्जकापुर के रवि प्रताप शुक्ला के शिकायत पs रामगढ़ ताल थाना में तथाकथित विश्वविद्यालय कार्यकर्ता उमाशंकर त्रिपाठी उर्फ रिंकू आ आजाद चौक निवासी संजय पाण्डेय के खिलाफ धोखाधड़ी के मामिला दर्ज करावल गइल बा। शिकायत में लिखल बा कि उनकर बेटा मिहिर अवुरी भतीजा सूर्य नारायण पढ़ल-लिखल बेरोजगार बाड़े।

एयरपोर्ट के नजदीक रहे वाला परिचित संजय पांडेय बतवले कि उनकर करीबी दोस्त उमाशंकर त्रिपाठी गोरखपुर विश्वविद्यालय में काम करेले। उऽ कहले कि उमाशंकर त्रिपाठी अपना बेरोजगार बेटा आ भतीजा के गोरखपुर विश्वविद्यालय में नौकरी दिहे। संजय के जिद पऽ उऽ कई बेर मे चार लाख रुपया दे देले। एकरा बादो नौकरी ना भइल। अब दुनु जने धमकी देत बाड़े कि अगर पइसा वापस माँगब तऽ जान से मार दीहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.