Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: नौकर डाॅक्टर के परिवार पऽ कइलस जानलेवा हमला, परसादी के बहाने दरवाजा खोलवइलस आ फेर गड़ासी से कर कइलस वार

370

बस्ती जिला अस्पताल के सेवानिवृत्त सर्जन डाॅ. अवधेश कुमार सिंह के हुमायूंपुर में मकान बा। पत्नी कुसुम के साथे उऽ दूसरका मंजिल पऽ रहेले रहेले। नीचे क्लीनिक बा। शुक के दिने दुपहरिया ए बजे क्लीनिक बंद कर के डाॅ. अवधेश शहर गइल रहले। तिवारीपुर के माधोपुर के रोहन साहनी 1:30 बजे उनका घरे पहुंचल। परसादी के बहाने दरवाजा खोलवा के माई -बेटा पऽ हमला कर देलस।

परसादी देवे के बहाने सर्जन के घर में घुसल पूर्व नौकर डाॅक्टर के पत्नी पर गड़ासी से प्राणघातक हमला कर देलस। शोर सुन के अंदर सुतल बेटा बचावे पहुंचल तऽ नौकर बेटो पs हमला कर देलस। धरपकड़ में डाॅक्टर के बेटा के मजबूत पड़ला आ लोगन के इकट्ठा होते देख आरोपित फरार हो गइल।

गोरखनाथ जइसन संवेदनशील इलाके में दिनदहाड़े भइल दुस्साहसिक वारदात से सनसनी फइल गइल। डाॅक्टर के स्वजन ने लूट के नीयत से हमला करे के संदेह जतावल गइल। पुलिस आरोपित के आटो चालक पिता महेंद्र के हिरासत में लेले बिया। डाॅक्टर के पत्नी आ बेटे का स्थिति खतरा से बाहर बा। रोहन करीब दस वर्ष पहिले उनका घरे नौकर रहे। क्लीनिक बंद देख उऽ सीधे ऊपर पहुंच गइल।

बातचीत के क्रम में दोबारा नौकरी देवे के निहोरा करत डाॅक्टर साहब के बारे में पूछलस। कुसुम जइसही बतवली कि उऽ बाहर गइल बाड़न, रोहन डिब्बे में लुका के राखल गड़ांसी से हमला कर देलस। शोर सुन के बेटा प्रियांशु बाहर आइल तऽ नोकर चिहा गइल आ खून से लथपथ मां के फर्श पऽ गिरल देख प्रियांशु पकड़े दउड़ल तऽ रोहन ओकरो पऽ हमला कऽ देलस।

प्रियांशु के दुनु हाथ आ कान के लगे चोट आइल बा। मोहाला के लोग दउऽड़ल तऽ प्रसाद के डिब्बा आ गड़ासी छोड़ उऽ भाग निकलल।

सीओ गोरखनाथ योगेंद्र सिंह ने बतवले कि आरोपित के तलाश चल रहल बा। पूछताछ खातिर ओकरा पिता महेंद्र के हिरासत में लिहल गइल बा। डाॅक्टर के तहरीर पऽ हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा।

790240cookie-checkGorakhpur News: नौकर डाॅक्टर के परिवार पऽ कइलस जानलेवा हमला, परसादी के बहाने दरवाजा खोलवइलस आ फेर गड़ासी से कर कइलस वार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.