[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Nagar Nigam : नगर निगम कार्यकारिणी के 6 सदस्य निर्विरोध चुनल गइलें, भाजपा के 5 आ सपा के 1 प्रत्याशी बनलें सदस्य

Gorakhpur Nagar Nigam Executive Committee Election 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर नगर निगम कार्यकारिणी के छव सदस्यन के चुनाव बियफे के निर्विरोध पूरा हो गइल। भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के पांच आ समाजवादी पार्टी (सपा) के एगो प्रत्याशी के निर्विरोध विजयी घोषित कइल गइल। निर्वाचन अधिकारी सब नवनिर्वाचित सदस्यन के प्रमाण पत्र सउपलें।

नगर निगम कार्यकारिणी चुनाव में भाजपा के राजेंद्र कुमार तिवारी, आनंद कुमार साहनी, रितेश सिंह, राजेश कुमार आ आरती सिंह निर्विरोध सदस्य चुनल गइल लो। ओहिजा समाजवादी पार्टी के चंद्रभान प्रजापति बिना मुकाबला कार्यकारिणी सदस्य घोषित भइलें। निर्वाचन अधिकारी सब विजेता उम्मीदवारन के प्रमाण पत्र देके आधिकारिक रूप से जीत के घोषणा कइलें।

आठ पार्षद भरले रहे लो नामांकन

कार्यकारिणी चुनाव खातिर कुल आठ पार्षद नामांकन दाखिल कइले रहे लो। भाजपा आ सपा के घोषित उम्मीदवारन के अलावा बेतियाहाता वार्ड के पार्षद विश्वजीत त्रिपाठी आ संत झूलेलाल नगर वार्ड के पार्षद नूर मोहम्मद नामांकन पत्र लेले रहे लो। हालांकि, नामांकन वापसी के निर्धारित समय सीमा के भीतर दुनु पार्षद आपन नामांकन वापस ले लिहल लो। एह फैसला के बाद चुनाव मैदान में खाली छव गो उम्मीदवार बचलें।

बराबर उम्मीदवार होखे से निर्विरोध भइल चुनाव

नगर निगम कार्यकारिणी में कुल छव सीट रहे आ नामांकन वापसी के बाद छव उम्मीदवार बांचल। सीट आ उम्मीदवार के संख्या बराबर होखे के कारण निर्वाचन अधिकारी बिना मतदान करवले सब उम्मीदवारन के निर्विरोध निर्वाचित घोषित कs देलें।

पूरा भइल नगर निगम कार्यकारिणी के गठन

एह चुनाव के संगे गोरखपुर नगर निगम कार्यकारिणी के गठन पूरा हो गइल। कार्यकारिणी में भाजपा के 5 सदस्य आ समाजवादी पार्टी के 1 सदस्य सामिल भइल लो। अब नगर निगम के विकास योजना, बजट, प्रशासनिक फैसला आ जनहित से जुड़ल महत्वपूर्ण विषयन पs ई कार्यकारिणी अहम भूमिका निभाई।

Read Also: Gorakhpur Nagar Nigam : नगर निगम कार्यकारिणी के 6 सदस्य निर्विरोध चुनल गइलें, भाजपा के 5 आ सपा के 1 प्रत्याशी बनलें सदस्य

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]