West Asia Crisis : होर्मुज जलडमरूमध्य से गुजरत जहाजन पs भारतीय नाविकन के तैनाती पs रोक, DGMA जारी कइलस एडवाइजरी

Oil tankers passing through Hormuz Strait amid Iran charging transit fees

Share

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव के बीच भारत सरकार भारतीय नाविकन के सुरक्षा के लेके बड़ फैसला कइले बिया। महानिदेशालय समुद्री प्रशासन जहाज मालिकन, शिप मैनेजमेंट कंपनी आ भरती एजेंसी के निरदेस देले बा कि अगिला आदेस तक होर्मुज जलडमरूमध्य से गुजरत जहाजन पs भारतीय नाविकन के तैनाती ना कइल जावs।

DGMA के एडवाइजरी के अनुसार, फारस की खाड़ी, होर्मुज जलडमरूमध्य आ आसपास के समुद्री इलाका से गुजरत सब जहाजन के कप्तान सुरक्षा के ममिला में पूरा सतर्कता बरती लो। कप्तानन के अंतरराष्ट्रीय ISPS Code के तहत लागू सुरक्षा नियम के पालन करे, नेविगेशन चेतावनी, सुरक्षा सलाह आ ताजा अपडेट पs लगातार नजर रखे के निरदेस दिहल गइल बा।

हालिया हमला बनल बड़ा कारण

ई एडवाइजरी हाले में MT Al Bahiyah आ MT Mombasa नाम के दूगो जहाजन पs भइल हमला के बाद जारी कइल गइल बा। एह दुनु जहाजन पs कुल 46 चालक दल के सदस्य सवार रहे लोग, जवना में 30 भारतीय नाविक सामिल रहे लोग।

हमला में MT Al Bahiyah पs तैनात एगो भारतीय नाविक के मौत हो गइल, जबकि दूसरका नाविक घायल हो गइल। ओहिजा MT Mombasa पs मवजूद 9 भारतीय नागरिक घायल भइल लो।

रियल-टाइम डैशबोर्ड तइयार करी सरकार

एह घटना के बाद केंद्र सरकार DGMA के निरदेस देले बा कि रियल-टाइम मॉनिटरिंग डैशबोर्ड तइयार कइल जावs। एह सिस्टम के मदद से फारस की खाड़ी, होर्मुज जलडमरूमध्य आ ओमान की खाड़ी से गुजरत जहाजन पs मवजूद भारतीय नाविकन के जानकारी तुरंत मिल सके।

केंद्रीय मंत्री सोनोवाल के निरदेस

केंद्रीय बंदरगाह, जहाजरानी आ जलमार्ग मंत्री सर्बानंद सोनोवाल कहलें कि जहाज चाहे कवनो देस के होखे, जदि ओकरा पs भारतीय नाविक काम करत बा लोग तs ओह लोगन के पूरा जानकारी केंद्रीकृत डैशबोर्ड पs दर्ज होखे के चाहीं। एकरा से कवनो आपातकालीन इस्थिति में तुरंत सहायता पहुंचावल जा सकी।

भारतीय नाविकन के सुरक्षा सबसे बड़ प्राथमिकता

भारत सरकार साफ कइले बिया कि मवजूदा सुरक्षा हालात के देखत भारतीय नाविकन के सुरक्षा सर्वोच्च प्राथमिकता बा। जबतक पश्चिम एशिया में इस्थिति सामान्य ना होई, तब तक एहतियाती डेग जारी रही।

Read Also: Share Bazar : दिनभर उतार-चढ़ाव के बाद सपाट बंद भइल शेयर बाजार, IT सेक्टर बनल सबसे बड़ सहारा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-