बदल रहल बा गोरखपुर: नोएडा के तर्ज पऽ अब गोरक्षनगरी में फ्लैटेड फैक्टरी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

नोएडा के तर्ज पर गिडा में एगो फ्लैटेट फैक्ट्री बनावल जा रहल बा। एकरा खातिर बनावल जा रहल भवन के काम नवम्बर में पूरा हो जाई। एमें 80 फीसदी फ्लैट रेडीमेड परिधान के दिहल जाई

Share

नोएडा के तर्ज पर गिडा में एगो फ्लैटेट फैक्ट्री बनावल जा रहल बा। एकरा खातिर बनावल जा रहल भवन के काम नवम्बर में पूरा हो जाई। एमें 80 फीसदी फ्लैट रेडीमेड परिधान के दिहल जाई आ बाकी बीस फीसदी फ्लैट दोसरा उद्योगन के दिहल जाई। इहाँ के सभ कारखाना प्रदूषण मुक्त होई। ई फ्लैट दिसंबर में आवंटित हो जाई। उम्मीद बा कि नयका साल में एहिजा के नया कारखाना से उत्पादन शुरू हो जाई।

पछिला साल राज्य सरकार गिडा में फ्लैट फैक्ट्री लगावे के फैसला कइले रहे। ई एगो अइसन भवन होखी जवना में 80 गो फ्लैट बनावल जाई। हर फ्लैट एगो हॉल निहन होई, जवना में सभ फिनिशिंग के काम पूरा हो जाई, इहाँ तक कि इलेक्ट्रिक स्विचो लगावल जाई। एमें रेडीमेड परिधान से जुड़ल सिलाई, सफाई, पैकिंग वगैरह काम करे वाली छोट इकाई आपन कारोबार शुरू कर दीहें। पूरा तरह से तइयार एह फैक्ट्री में उद्यमी पहिला दिन से उत्पादन शुरू करे के इस्थिति में होई।

सेक्टर 13 में स्थापित एह फैक्ट्री के क्षेत्रफल 10,800 वर्ग मीटर बा। एकर कुल लागत करीब 34 करोड़ रुपया बा। भारत सरकार के एमएसएमई मंत्रालय आ राज्य सरकार के सहयोग से एकर निर्माण के काम चल रहल बा। एह भवन में 80 गो कारखाना बनावल जाई जवना में करीब 2000 लोग के रोजगार मिली।

चैंबर ऑफ इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष आरएन सिंह बतवले कि जीआईडीए बोर्ड के पिछला बइठक में फैसला भइल कि 80 प्रतिशत फ्लैट रेडीमेड गारमेंट्स आ 20 प्रतिशत बाकी उद्यमी के दिहल जाई। सीईओ गिडा अनुज मलिक बतवले कि नवम्बर ले ओकर निर्माण काम पूरा हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.