पटना। बिहार के भागलपुर में अपराधी भाजपा नेता उमा भूषण तांती के गोली मार के हत्या कs देले सs। ई वारदात बरगंज थाना क्षेत्र के कुतुबगंज इलाका में भइल। बदमाश उनका माथा के लगे गोली मरले सs, जवना से उनकर मौत हो गइल।
मृतक के पहचान उमा भूषण तांती के रूप में भइल बा। ऊ भाजपा में मंडल अध्यक्ष के पद पs जिम्मेदारी संभालत रहलें। घटना के बाद पुलिस शव के मायागंज अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर जांच के बाद मौत के पुष्टि कइलें।
चंदा के विवाद में हत्या के आशंका
फिलहाल हत्या के असली कारण साफ नइखे भइल। हालांकि, घटना के पीछे काली पूजा खातिर जुटावल जा रहल चंदा के लेके विवाद होखे के चरचा बा। बतावल जा रहल बा कि एह विवाद के दौरान बदमाश उमा भूषण तांती के माथा में गोली मार देलस।
पुलिस अब घटना के हर पहलू से जांच कs रहल बिया। आसपास के लोगन से पूछताछ के संगे घटना से जुड़ल जानकारी जुटावल जा रहल बा। पुलिस ई पता करे में जुटल बिया कि वारदात के पीछे कवन लोग सामिल रहे आ हत्या के असल वजह का रहे।
अस्पताल पहुंचते बेटी के रो-रो के बुरा हाल
घटना के जानकारी मिलते मृतक के बेटी मायागंज अस्पताल पहुंचली। पिता के शव देख के ऊ फूट-फूट के रोवे लगली। अस्पताल में परिवार के लोगन के रो-रो के बुरा हाल रहल।
ओहिजा, घटना के जानकारी मिलला के बाद भाजपा विधायक रोहित पांडे अस्पताल पहुंचलें। एसडीपीओ सिटी सूचना मिलते घटनास्थल पs पहुंचलें आ ममिला के जांच में जुट गइलें।
पुलिस अधिकारी घटना के कारण आ गोली चलावे वाला अपराधियन के पहचान करे में जुटल बाड़ें। फिलहाल पुलिस के जांच पूरा भइला के बादे हत्या के पीछे के असली वजह सामने आ सकेला।






